20 फरवरी 2022 के राशिफल

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 20, 2022

दिनांक- 20/02/2022 गणेशाय नमः  आज के पंचांग  दिनांक-20/02/2022 फागुन मास कृष्ण पक्ष तिथि-चतुर्थी रात के 08 बजके 48 मिनट ले दिन-अतवार हस्त नक्षत्र साँझ के 4 बजके 37 मिनट ले, शुल जोग दिन में 3

Share

दिनांक- 20/02/2022
गणेशाय नमः 

आज के पंचांग 

दिनांक-20/02/2022

फागुन मास कृष्ण पक्ष

तिथि-चतुर्थी

रात के 08 बजके 48 मिनट ले

दिन-अतवार

हस्त नक्षत्र

साँझ के 4 बजके 37 मिनट ले,

शुल जोग दिन में 3 बजके 19 मिनट ले,

सर्वार्थामृतसिद्धि जोग साँझ के 04 बजके 37 मिनट ले।

 

काल्ह के पंचांग 

दिनांक-21/02/2022

फागुन मास कृष्ण पक्ष

तिथि-पंचमी

रात के 07 बजके 21 मिनट ले

ओकरा बाद षष्ठी

दिन-सोमार

चित्रा नक्षत्र

दिन में 3 बजके 54 मिनट ले,

ओकरा बाद स्वाती नक्षत्र,

गण्ड जोग,

दिन में 01 बजके 02 मिनट ले। कौलव करण

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम अ, ल, इ से सुरू होला)

बेमन के जतरा संभव बा, राजनीतिक कामन में बाझल रहब, बेवसायिक प्रतिष्ठा बढ़ी। कइल गइल मेहनत सफल रही। मेहरारू के स्वास्थ बाधा से भरल हो सकेला।

वृष | Taurus

(जेकर नाम ब, व, उ, ए से सुरू होला)

 दामपत्य जिनगी में तनाव आ सकेला, बाकिर संतान के सहजोग रही।   जीविका के क्षेत्र में डेग आगा बढ़ी। उपहार भा सम्मान मिली।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम क, छ, घ, ह से सुरू होला)

  धन, सम्मान, यश आ किर्ति बढ़ी, कवनो नाया काम के योजना बनी।     दामपत्य जिनगी सुख से भरल रही। बेवसायिक कोसिस सफल रही।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ड, हे से सुरू होला)

  गलत फसिला लेला से मन असांत रही, साही खरचा से बांची, स्वास्थ पs     धेयान दीं। बेकार के उलझन बनल रही।

सिंह | Leo

(जेकर नाम म, ट से सुरू होला)

 राजनैतिक महत्व के चाह पूरा होई। बेवसायिक कोसिस सफल रही।   कवनो काम के होखला से आत्मविसवास बढ़ी। दुसमन हार मानी लो।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम प, ठ, ण, ट से सुरू होला)

बेवसायिक व्यस्तता रही। आर्थिक ममिला में रिस्क नइखे लेवे के। संतान के ज़िम्मेदारी पूरा होई। स्वास्थ के लेके धेयान रखला के जरूरत बा। जीवन साथी के सहजोग मिली।

तुला | Libra

(जेकर नाम र, त से सुरू होला)

बाबूजी भा घर के मुखिया के कष्ट हो सकेला। दिमाग से कइल गइल काम सफल रही। जीवन साथी के सहजोग मिली।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम न, य से सुरू होला)

 आर्थिक पक्ष मजबूत होई। पारिवारिक प्रतिष्ठा बढ़ी। घर के जरूरी सामान   बढ़ी। बेकार के आवा-जाही रही। रचना के कोसिस सफल होई।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये, ध, फ, भ से सुरू होला)

 उपहार भा सम्मान मिली। कइल गइल मेहनत सफल होई। बेवसायिक   प्रतिष्ठा बढ़ी। शिक्षा के क्षेत्र में डेग आगा बढ़ी। स्वास्थ के लेके धेयान रखला   के जरूरत बा।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो, ज, ख, ग से सुरू होला)

  जीविका के क्षेत्र में बढ़न्ति होई। नाया काम के दिसा में सफलता भेंटी।        सामाजिक प्रतिष्ठा बढ़ी, संबंध बनी।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गु, स, श, ष, द से सुरू होला)

 राजनैतिक महत्व के चाह पूरा होई। दुसमन से डर रही। आत्मविसवास बढ़ी आ जीवनसाथी के सहजोग मिली।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दि, चा, झ, थ से सुरू होला)

 आर्थिक पक्ष मजबूत होई। कवनो काम के योजना बनी। जतरा हो सकेला।   मेहनत सफल होई। दामपत्य जिनगी सुख से भरल रही।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.