बड़ खबर! बांदीपोरा में आतंकियन से मुठभेड़ में 2 जवान घायल

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 25, 2025

जम्मू कश्मीर के बंदीपोरा में सुरक्षा बल आ आतंकियन का बीच मुठभेड़ चलत बा. सुरक्षा बल आतंकियन के घेराबंदी कर दिहले बा. आतंकियन से भइल मुठभेड़ में दू गो सुरक्षाकर्मी घवाहिल हो गइल बाड़े. सुरक्षा

Share

बांदीपोरा में आतंकियन से मुठभेड़

जम्मू कश्मीर के बंदीपोरा में सुरक्षा बल आ आतंकियन का बीच मुठभेड़ चलत बा. सुरक्षा बल आतंकियन के घेराबंदी कर दिहले बा. आतंकियन से भइल मुठभेड़ में दू गो सुरक्षाकर्मी घवाहिल हो गइल बाड़े. सुरक्षा बल के बंदीपोरा में लुकाइल दू गो आतंकियन के जानकारी मिलल रहुवे जवना का बाद सुरक्षा बल आतंकियन का खिलाफ अभियान शुरू कर दिहले बा.

अलग-अलग इलाका में सुरक्षा बल के तलाशी अभियान जारी बा

बता दीं कि पहलगाम आतंकी हमला के बाद जब से प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी कहले कि आतंकी के सफाया हो जाई तब से सुरक्षा बल के कार्रवाई तेज हो गईल बा। खाली बंदिपोरा ना, जम्मू-कश्मीर के अलग-अलग इलाका में सुरक्षा बल के तलाशी अभियान चलता, चाहे उ बंदीपोरा होखे चाहे तंगमार्ग, त्राल चाहे कुलगाम। पहलगाम होखे चाहे श्रीनगर, हर जगह आतंकवादी के तलाशी लिहल जाता।

पहलगाम हमला के बाद पहिला बेर सेना प्रमुख श्रीनगर पहुंचले

ओने सेना प्रमुख उपेंद्र द्विवेदी जम्मू कश्मीर चहुँप गइल बाड़न. श्रीनगर पहुंचला के बाद सेना प्रमुख उपेंद्र द्विवेदी सेना के विक्टर मुख्यालय पहुंचले जहां उ जम्मू-कश्मीर के सुरक्षा अवुरी सेना के अभियान पs चर्चा करतारे। सेना जहां अपना भविष्य के रणनीति के बारे में जानकारी जुटावतिया, उहें सुरक्षा बल हर जगह आतंकी के तलाश में लागल बा, चाहे उs पहाड़ में होखे चाहे जंगल में।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: गर्दन के समस्या करत बा परेसान, तs रोजे करीं इs Exercise

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.