सारण: तरैया के अरदेवा आ पचरौर में बनी दुगो नया विद्युत सब स्टेशन

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 3, 2024

छपरा में दुगो नया विद्युत सब स्टेशन बनावे के लेके कवायद तेज कs दिहल गइल बा। जानकारी के अनुसार तरैया प्रखंड के अरदेवा आ पचरौर में नया विद्युत सब स्टेशन के निर्माण होई। एकरा के

Share

सारण के तरैया में बनी दुगो नया सब स्टेशन

छपरा में दुगो नया विद्युत सब स्टेशन बनावे के लेके कवायद तेज कs दिहल गइल बा। जानकारी के अनुसार तरैया प्रखंड के अरदेवा आ पचरौर में नया विद्युत सब स्टेशन के निर्माण होई। एकरा के लेके सारण सांसद राजीव प्रताप रूडी जानकारी देलें।

पीएसएस के निर्माण से गुणवत्ता पूर्ण निर्बाध विद्युत बेवस्था होई। सारण में पहिले से 45 सब स्टेशन स्थापित बा। अब 5 गो नया सब स्टेशन के अनुशंसा कइल गइल बा। एकनी के बनला के बाद सारण में विद्युत सब स्टेशनन के संख्या 50 हो जाई।

एह बारे में बात करत सांसद कहलें कि कुछ साल पहिले तक सारण में विद्युत आपूर्ति अच्छा ना रहे। एकरा चलते लोगन के बहुत परेसानी होत रहे। ऊ आगे कहलें कि विद्युत उप केंद्र के स्थापित हो गइला से स्थानीय निवासियन के बहुते लाभ होई। एकरा से विद्युत आपूर्ति में व्यापक सुधार होई आ गुणवत्ता पूर्ण निर्बाध बिजली के आपूर्ति सुनिश्चित हो सकी।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.