Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बिहार में 24 घंटा में कोरोना के 21 केस: अकेले पटना से 18, एक्टिव मरीजन के संख्या भइल 50; स्वाइन फ्लूओ के 3 केस

आरएमआरआई में भइल जांच में स्वाइन फ्लूओ के तीन मरीज मिलल बा लो। काेराेना संक्रमित मरीज बेउर, संपतचक, यारपुर, गर्दनीबाग, कुम्हरार, फतुहा, गुलमहियाचक, खिरोदपुर, सुल्तानगंज, महेंद्रू, बुद्धा काॅलोनी आदि इलाका के रहे वाला हs लो।

1,247

बिहार में कोरोना आ स्वाइन फ्लू के केस बढ़े लागल बा। बुध के कोरोना के 21 नया मरीज मिलल लो। एमे से 18 पटना के बा लो। पीएमसीएच के एगो डॉक्टर आ गर्दनीबाग अस्पताल के एगो नर्स संक्रमित भइल बा लो।

आरएमआरआई में भइल जांच में स्वाइन फ्लूओ के तीन मरीज मिलल बा लो। काेराेना संक्रमित मरीज बेउर, संपतचक, यारपुर, गर्दनीबाग, कुम्हरार, फतुहा, गुलमहियाचक, खिरोदपुर, सुल्तानगंज, महेंद्रू, बुद्धा काॅलोनी आदि इलाका के रहे वाला हs लो।

दु गो मरीज दरभंगा आ एक मरीज शिवहर के बा। पटना में जवन मरीज मिलल बा लो, ऊ सभे होम आइसोलेशन में बा।

दोहरा खतरा : स्वाइन फ्लूओ के तीन संक्रमित

स्वास्थ्य विभाग के मोताबिक राज्य में कोरोना मरीजन के संख्या बढ़के 50 हो गइल बा। बुध के देस में सबसे जादे केरल में 1025 मरीज मिलल। इहां एक्टिव मरीजन के संख्या 6825 हो गइल बा। महाराष्ट्र में 3792 आ गुजरात में 2220 एक्टिव मरीज बा लो।

जे टीका नइखे लगवले ऊ जल्दी लगवा लेव

पीएमसीएच के वरीय फिजिशियन डॉ. बीके चौधरी कहलें कि कोरोना आ स्वाइन फ्लू दुनो के मरीज नियमित मिले लागल बावे लो। एहिसे अब सतर्क रहला के जरूरत बा। अब मास्क निश्चित रूप से पहिने के चाहीं। जे लोग टीका भा बूस्टर डोज लेवे से वंचित बा, ओकरा वैक्सीन जल्दी ले लेवे के चाहीं।

जवना इलाकन में कोरोना के मरीज जादे मिल रहल बा लो, उहां से सैंपल लेके जीनोम सीक्वेंसिंग करावे के जरूरत बा, ताकि पता चले कि कोरोना के कवनो नया वैरिएंट तs नइखे आ गइल।

केरल आ महाराष्ट्र में नया वैरिएंट एक्सबीबी 1.16 के पुष्टि हो गइल बा। इहवो एगो मरीज में एकर पुष्टि हो चुकल बा। ई वैरिएंट ओमिक्रॉन के सब वैरिएंट हs। एकर इनफेक्टिविटी रेट जादे बा।  हालांकि एकर संक्रमण गर में नइखे उतर रहल। एह वजह से मरीज के अस्पताल में भर्ती होखे के जरूरत नइखे पड़ रहल।

504020cookie-checkबिहार में 24 घंटा में कोरोना के 21 केस: अकेले पटना से 18, एक्टिव मरीजन के संख्या भइल 50; स्वाइन फ्लूओ के 3 केस

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.