आचार्य आ फाजिल डिग्री राखे वाला बन सकी लो झारखंड के हाई स्कूल में मास्टर

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 3, 2022

Ranchi: झारखंड सरकार के स्कूली शिक्षा आ साक्षरता विभाग कावर से हाई स्कूल में शिक्षक लो भरती ला नियमावली बना के लागू कs दियाइल बा। एह नियमावली के मोताबिक राज्य के हाई स्कूलन में प्राच्य

Share

Ranchi: झारखंड सरकार के स्कूली शिक्षा आ साक्षरता विभाग कावर से हाई स्कूल में शिक्षक लो भरती ला नियमावली बना के लागू कs दियाइल बा। एह नियमावली के मोताबिक राज्य के हाई स्कूलन में प्राच्य भासा के मास्टर बने ला सामान्य स्न्नातकोत्तर के डिग्री के अलावे आचार्य आ फाजिल के डिगरियो के मानल जाई। नोटिफ़िकेशन के मोताबिक संस्कृत, अरबी, उर्दू आ फारसी जइसन भासा में जे मास्टर बने के चाहत बा, तs पात्रता परीक्षा, बीएड के संगे स्नातकोत्तर के डिगरियो मानल जाई।

 

का कहत बा नियमावली-

नोटिफिकेसन के अनुसार प्राच्य भासा (संस्कृत, अरबी, उर्दू आ फारसी) के स्नातक प्रशिक्षित शिक्षक(मास्टर) के आलावे मान्यता राखे आला संस्थान से भरती के विसे माने जवना विसे के मास्टर बनल चाहत बानीओमे 50 फीसदी अंक के संगे आचार्य (साहित्य भा व्याकरण), फाजिल (अरबी भा उर्दू फारसी) के डिग्री लेके रखले बा। ऊ सभे आवेदन के पात्र होई।

 

14 हजार पदन् खातिर भरती के प्रक्रिया होई सुरू

राज्य के 510 प्लस टू स्कूलन में मास्टर लो के भरती कइल जाई। एकरा संगही हाई स्कूलन में मास्टरन के खाली 14 हजार पद पs भरती जल्दी सुरू होई। राज्य के हाई सकुलन में मास्टर लो के 25169 पद बा। ए समे एमे से 14000 पद खाली बा। भरती खातिर परीक्षा झारखंड कर्मचारी चयन आयोग कावर से लिहल जाई। नियमावली  में कइल गइल संशोधन के मोताबिक अब हाई स्कूल के मास्टर लो के भरती में सामिल होखे ला अभ्यर्तियन के झारखंड से मैट्रिक आ हाई स्कूल के परीक्षा पास होखल जरूरी होई। आरक्षित श्रेणी के उम्मीदवारन पs झारखंड से मैट्रिक आ इंटर पास होखल जरूरी नईखे।

साभार- न्यूज़ विंग

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.