भाजपा के पांचवां लिस्ट में 111 नाम : मंडी से कंगना रनौत, मेरठ से अरुण गोविल, पुरी से संबित पात्रा के टिकट, पटना साहिब से रविशंकर प्रसाद के टिकट मिलल 

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 24, 2024

भाजपा लोकसभा प्रत्याशियन के पांचवां लिस्ट जारी कs देले बिया। 111 प्रत्याशियन के एह सूची में हिमाचल प्रदेश के मंडी से कंगना रनौत, यूपी के मेरठ से अरुण गोविल, पुरी से संबित पात्रा के टिकट

Share

भाजपा लोकसभा प्रत्याशियन के पांचवां लिस्ट जारी कs देले बिया। 111 प्रत्याशियन के एह सूची में हिमाचल प्रदेश के मंडी से कंगना रनौत, यूपी के मेरठ से अरुण गोविल, पुरी से संबित पात्रा के टिकट दिहल गइल बा। झारखंड के दुमका से सीता सोरेन, यूपी के गाजियाबाद से अतुल गर्ग, हरियाणा के कुरुक्षेत्र से नवीन जिंदल के आ पटना साहिब से रविशंकर प्रसाद के प्रत्याशी बनावल गइल बा।

उत्तर प्रदेश के पीलीभीत से वरुण गांधी के टिकट कट गइल  बा। इहां से कांग्रेस से भाजपा में आइल जितिन प्रसाद के टिकट देके उतारल गइल बा। वरुण के मां मेनका गांधी के सुल्तानपुर से टिकट दिहल गइल बा। बदायूं से स्वामी प्रसाद मौर्य के बेटी के जगह दुर्विजय शाक्य के टिकट दिहल गइल बा।

देखीं प्रत्याशियन के सूची

 

 

 

 

 

 

 

 

 

एकरा पहिले अतवार के पूर्व वायु सेना प्रमुख एयर चीफ मार्शल (रिटायर्ड) आरकेएस भदौरिया BJP जॉइन कइलें। दिल्ली में भाजपा के जनरल सेक्रेटरी विनोद तावड़े आ केंद्रीय मंत्री अनुराग ठाकुर उनका के भाजपा जॉइन करावल लो। भदौरिया के जन्म आगरा में भइल बा। ऊ बाह तहसील के कोरथ गांव के रहे वाला हवे।

ओहिजा, गाजियाबाद से केंद्रीय मंत्री वीके सिंह सांसद बाड़ें। वीके सिंह अतवार के देर सांझ चुनाव ना लड़े के ऐलान कइलें। ऊ सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म X पs एकर जानकारी देलस।

अबकी बेर वीके सिंह के टिकट कट गइल बा। ऐलान से पहिलही ऊ चुनाव ना लड़े के घोषणा कइलें।

दूसरका ओर, कांग्रेस के पूर्व सांसद नवीन जिंदल पार्टी से इस्तीफा दे देलें। ऊ इस्तीफा के घोषणा के कुछ देर बाद दिल्ली में भाजपा जॉइन कs लेलें। जिंदल X पs कांग्रेस छोड़े के जानकारी देले रहस।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.