दिनांक- 07/10/2025
श्री गणेशाय नमः
आज के पंचांग
आश्विन शुक्ल पक्ष
तिथि- पूर्णिमा
दिन के 09 बजके 17 मिनट ले,
ओकरा बाद प्रतिपदा।
दिन- मंगर।
रेवती नक्षत्र
रात के 01 बजके 28 मिनट ले,
ओकरा बाद अश्विनी नक्षत्र।
ध्रुव जोग
दिन के 09 बजके 31 मिनट ले,
ओकरा बाद व्याघात जोग।
बव करण।
काल्ह के पंचांग
दिनांक- 08/10/2025
कार्तिक कृष्ण पक्ष
तिथि- द्वितीया
रात के 02 बजके 22 मिनट ले।
दिन- बुध।
अश्विनी नक्षत्र
रात के 10 बजके 44 मिनट ले।
हर्षण जोग
रात के 01 बजके 32 मिनट ले।
तैतिल करण।
Read Also: Bihar Election 2025 : दू चरण में होई विधानसभा चुनाव, 6 आ 11 नवंबर के पड़ी वोट, 14 नवंबर के आई नतीजा
आज के दिन उतार चढ़ाव से भरल रही, बेवसाय में सहयोगियन से वाद-विवाद के इस्थिति बन सकत बा, बेयपार में बड़ लेन-देन सोच विचार कs के करीं, स्वास्थ्य पs ध्यान दीं, काम के अधिकता के कारण मानसिक तनाव बनल रही, परिवार के सहजोग मिली।
आज राउर दिन अच्छा रही। जदि रउआ कवनो नया काम सुरू कइल चाहत बानी तs रउआ कs सकत बानी, प्रॉपर्टी आदि में रउआ नया निवेश कs सकत बानी, परिवार में मांगलिक कार्यक्रम होई, राउर मन आध्यात्म के ओर झुकल रही, कवनो धार्मिक जतरा पs रउआ जा सकत बानी।


आज के दिने राउर स्वास्थ अच्छा रहे वाला बा। रउआ कवनो नया मकान जमीन के खरीदारी कs सकत बानी, आज कवनो विशेष काम से रउआ बाहर जाये के पड़ सकत बा,परिवारिक विवाद से आज रउआ दूर रहीं, ना तs हानि उठावे के पड़ सकत बा।













