Mobile Plans : 450 रुपिया से कम में 84 दिन के वैलिडिटी वाला प्लान, रोज के खर्चा बस 5.3 रुपिया

जिओ न्यू ईयर ऑफर

Share

टेक्नोलॉजी डेस्क। जियो के लगे एगो अइसन सस्ता रिचार्ज प्लान बा, जवना में रउआ रोजाना करीब 5.3 रुपिया खरचा पs पूरा 84 दिन के सर्विस वैलिडिटी मिलेला। आज के समय में जवन प्रीपेड प्लान बा, ओकरा खातिर लोगन के औसतन 10 से 15 रुपिया रोज खरचा करे के पड़ेला, एह हिसाब से ई प्लान काफी सस्ता मानल जा रहल बा।

हालांकि, एह प्लान में एगो खास बात बा- एमें डेटा सामिल नइखे। मतलब ई खाली वॉयस कॉलिंग वाला प्लान बा। अगर डेटा चाहीं, तs रउआ अलग से डेटा वाउचर ले सकत बानी।

रिलांयस जियो के 448 रुपिया वाला प्लान

जियो के एह प्लान के कीमत 448 रुपिया बा, जवन रउआ माई जियो ऐप भा कंपनी के वेबसाइट से ले सकत बानी।

एह प्लान में मिलेला

  • अनलिमिटेड वॉयस कॉलिंग
  • 1000 SMS
  • 84 दिन के वैलिडिटी
  • JioTV आ JioAICloud के एक्सेस

ई प्लान पूरा तरे से वॉयस-ओनली बा, मतलब इंटरनेट डेटा एमे सामिल नइखे।

TRAI के निर्देश के बाद आइल प्लान

ई प्लान Telecom Regulatory Authority of India के निरदेस के बाद लॉन्च कइल गइल बा, ताकि जवन यूजर डेटा नइखे चाहत, ओह लोग खातिर सस्ता विकल्प मिल सके।

5G आ OTT फायदा नइखे

एह प्लान में 5G भा दोसर OTT प्लेटफॉर्म के कवनो अतिरिक्त फायदा नइखे मिलत, बाकिर सस्ता वैलिडिटी के चलते ई बहुत लोगन खातिर बढ़िया विकल्प बन सकत बा।

दूसरका लमहर वैलिडिटी वाला प्लान

जियो के एगो आउर प्लान 1748 रुपिया में आवेला, जवना में 336 दिन के वैलिडिटी मिलेला। एमे अनलिमिटेड कॉलिंग के संगे 3600 SMS के सुविधा मिलेला।

Read Also:  CBSE Admit Card 2026 : 10वीं 2nd बोर्ड परीक्षा खातिर एडमिट कार्ड जारी, इ बा डायरेक्ट लिंक

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-