05 जुलाई 2026 के राशिफल

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 5, 2026

दिनांक- 05/07/2026 श्री गणेशाय नमः आज के पंचांग आषाढ़ कृष्ण पक्ष तिथि– पंचमी दिन के 01 बजके 31 मिनट ले, ओकरा बाद षष्ठी। दिन- अतवार। शतभिषा नक्षत्र दिन के 03 बजके 12 मिनट ले, ओकरा

Share

Rashifal : राशिफल

दिनांक- 05/07/2026

श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

आषाढ़ कृष्ण पक्ष

तिथि– पंचमी

दिन के 01 बजके 31 मिनट ले,

ओकरा बाद षष्ठी।

दिन- अतवार।

शतभिषा नक्षत्र

दिन के 03 बजके 12 मिनट ले,

ओकरा बाद पूर्वभाद्रपदा नक्षत्र।

आयुष्मान जोग

दिन के 04 बजके 39 मिनट ले,

ओकरा बाद सौभाग्य जोग।

तैतिल करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 06/07/2026

आषाढ़ कृष्ण पक्ष

तिथि- षष्ठी

दिन के 01 बजके 47 मिनट ले।

दिन- सोमार।

पूर्वभाद्रपदा नक्षत्र

दिन के 04 बजके 07 मिनट ले।

सौभाग्य जोग

दिन के 03 बजके 50 मिनट ले।

वणिज करण।

 

आज के राशिफल

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज के दिन नया काम सुरू करे खातिर बढ़िया बा। नौकरी आ कारोबार में फायदा मिल सकेला। परिवार के सहजोग मिली। खरचा पs नियंत्रण राखीं।

 

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा,वी,वू,वे,वो से सुरू होला)

आज धीरज से काम लीं। आर्थिक इस्थिति मजबूत हो सकेला। पुरान संघतिया से मुलाकात हो सकेला। स्वास्थ्य के लेके लापरवाही मत करीं।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज भाग्य के साथ मिली। रुकल काम पूरा हो सकेला। नौकरी में अधिकारियन से सराहना मिली। परिवार में खुसी के माहौल रही।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज सोच-समझ के फैसला लीं। बेमतलब के विवाद से दूर रहीं। धन के लेन-देन में सावधानी बरतीं। जीवनसाथी के सहजोग मिली।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज मेहनत के पूरा फल मिल सकेला। बेयपार में बढ़न्ती होई। विद्यार्थी लोग पढ़ाई पs ध्यान देवे। स्वास्थ्य सामान्य रही।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज आर्थिक लाभ के जोग बा। नया योजना पs काम सुरू हो सकेला। परिवार में सुभ समाचार मिल सकेला। जतरा के जोग बनत बा।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज दिन मिलल-जुलल रही। खरचा बढ़ सकेला, बाकिर आमदनियो ठीक रही। संघतिया लोगन से सहजोग मिली। खीस पs काबू रखीं।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज करिअर में नया अवसर मिल सकेला। बेयपार में लाभ होई। परिवार के संगे समय बितावे के मवका मिली। स्वास्थ्य ठीक रही।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज भागदौड़ जादे रही, बाकिर मेहनत सफल होई। धन लाभ के संभावना बा। धार्मिक काम में मन लागी। जतरा हो सकेला।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज नया जिम्मेदारी मिल सकेला। नौकरी में तरक्की के जोग बा। परिवार के माहौल अच्छा रही। निवेश सोच-समझ के करीं।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज पुरान समस्या के समाधान मिल सकेला। कारोबार में फायदा होई। विद्यार्थी लोगन खातिर दिन सुभ बा। सेहत पs ध्यान दीं।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज आत्मविश्वास बढ़ल रही। नया काम में सफलता मिली। परिवार से सहजोग मिली। आर्थिक इस्थिति बेहतर होई। बेमतलब के तनाव मत लीं।

Read Also: Parliament Monsoon Session : 20 जुलाई से 13 अगस्त तक चली संसद के मानसून सत्र, केंद्रीय मंत्री किरेन रिजिजू देलें जानकारी

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.