Parliament Monsoon Session : 20 जुलाई से 13 अगस्त तक चली संसद के मानसून सत्र, केंद्रीय मंत्री किरेन रिजिजू देलें जानकारी

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 4, 2026

नई दिल्ली। संसद के मानसून सत्र 2026 के तारीख के आधिकारिक घोषणा हो गइल बा। ई सत्र 20 जुलाई 2026 से सुरू होई आ 13 अगस्त 2026 तक चली। भारत सरकार के सिफारिश पs राष्ट्रपति

Share

Indian Parliament Winter Session 2025 begins, opposition prepares to raise SIR issue inside the House

नई दिल्ली। संसद के मानसून सत्र 2026 के तारीख के आधिकारिक घोषणा हो गइल बा। ई सत्र 20 जुलाई 2026 से सुरू होई आ 13 अगस्त 2026 तक चली। भारत सरकार के सिफारिश पs राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू संसद के दुनो सदन के बैठक बुलावे के मंजूरी दे देले बाड़ी।

केंद्रीय संसदीय कार्य मंत्री किरेन रिजिजू सोशल मीडिया के माध्यम से जानकारी देलें कि सरकार के सिफारिश पs राष्ट्रपति संसद के मानसून सत्र बुलावे के मंजूरी दे देले बाड़ी।

राष्ट्रीय मुद्दा पs होई चरचा

20 जुलाई से सुरू होखे वाला ई सत्र 13 अगस्त 2026 तक चली। एह दौरान लोकसभा आ राज्यसभा में देस से जुड़ल कइयन गो महत्वपूर्ण मुद्दा पs बहस, चरचा आ जरूरी विधेयकन पs फैसला लिहल जाई।

सरकार आ विपक्ष दूनो ओर से कइयन गो अहम विषयन के संसद में उठावे के संभावना बा। मानसून सत्र के दौरान राष्ट्रीय हित से जुड़ल कइयन गो महत्वपूर्ण फैसला हो सकेला।

Read Also : Himachal Floods : हिमाचल में बाढ़ आ भूस्खलन से भारी तबाही, 14 के मौत, 12 जुलाई तक भारी बरखा के अलर्ट

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.