01 नवंबर 2025 के राशिफल

Rashifal : राशिफल

Share

दिनांक- 01/11/2025

श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

कार्तिक शुक्ल पक्ष

तिथि- दशमी

दिन के 09 बजके 12 मिनट ले,

ओकरा बाद एकादशी।

दिन- सनिचर।

शतभिषा नक्षत्र

सांझ के 06 बजके 20 मिनट ले,

ओकरा बाद पूर्वभाद्रपदा नक्षत्र।

ध्रुव जोग

रात के 02 बजके 09 मिनट ले,

ओकरा बाद व्याघात जोग।

गर करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 02/11/2025

कार्तिक शुक्ल पक्ष

तिथि- एकादशी

सबेरे के 07 बजके 31 मिनट ले।

दिन- अतवार।

पूर्वभाद्रपदा नक्षत्र

दिन के 05 बजके 03 मिनट ले।

व्याघात जोग

रात के 11 बजके 10 मिनट ले।

विष्टि करण।

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज के दिन नया काम सुरू करे के सोचत बानी तs बढ़िया समय बा। घर-परिवार में मेल-जोल बढ़ी। धन लाभ के योग बन रहल बा।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

कारोबार में फायदा मिली, बाकिर खरचो बढ़ी। परिवार में कवनो बात पs मतभेद हो सकेला, धैर्य रखीं।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

कर्मक्षेत्र में नया अवसर मिली। प्रेम जीवन में मिठास आई। विद्यार्थी वर्ग खातिर दिन अनुकूल बा।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज कुछ उलझन वाला दिन रह सकेला। आर्थिक इस्थिति सुधरे के संकेत बा। स्वास्थ्य के ध्यान राखीं।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

मान-सम्मान बढ़ी, सरकारी काम में सफलता मिली। जतरा हो सकेला। नया जिम्मेदारी मिल सकेला।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज घर में खुसी के माहौल रही। काम में सहजोगी लोग साथ दीं। परिवारिक विवाद सुलझ सकेला।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज आर्थिक रूप से राहत मिली। प्रेम संबंध मजबूत होई। विद्यार्थियन के मेहनत रंग ले आई।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

मानसिक शांति बनल रही। कारोबार में फायदा हो सकेला। स्वास्थ्य में सुधार आई।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज के दिन ऊर्जा से भरल रही। नया प्रोजेक्ट सुरू करे के समय अनुकूल बा। जतरा सफल होई।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

परिवार में सुख-शांति रही। बेयपार में लाभ के योग बा। नया योजना पs काम सुरू हो सकेला।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

काम में सफलता मिली, बाकिर खरचा पs नियंत्रण जरूरी बा। पुरान संघतिया से भेंट हो सकेला।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

भाग्य साथ दीं। नया रिश्ता बन सकेला। प्रेम जीवन में प्रगाढ़ता आई। सेहत में सुधार होई।

Read Also: Gorakhpur News : डीएवी पीजी कॉलेज में मनावल गइल लौह पुरुष सरदार बल्लभभाई पटेल की 150वीं जयंती

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-