[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News : डीएवी पीजी कॉलेज में मनावल गइल लौह पुरुष सरदार बल्लभभाई पटेल की 150वीं जयंती

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। लौह पुरुष सरदार बल्लभभाई पटेल की 150वीं जयंती के अवसर पs सुक के राष्ट्रीय एकता दिवस समारोह के उपलक्ष्य में डीएवी पीजी कॉलेज, गोरखपुर में राष्ट्रीय सेवा योजना,दयानंद इकाई के तत्वावधान में प्राचार्य प्रो शैल पांडे आ कार्यक्रम अधिकारी प्रतिभा गुप्ता के नेतृत्व में विविध कार्यक्रम आयोजित कइल गइल। एह अवसर पs सबेरे 10:00 बजे सबसे पहिले महाविद्यालय के स्वयंसेवक आ स्वयंसेविका लोग राष्ट्रीय सेवा योजना कार्यालय,दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय,गोरखपुर के मुख्य द्वार पs एकत्रित होके भव्य पदयात्रा कार्यक्रम में सामिल भइल।

एकरा बाद महाविद्यालय में बौद्धिक सत्र में पोस्टर आ भाषण प्रतियोगिता के आयोजन कइल गइल। कार्यक्रम में मुख्य अतिथि के रूप में महाविद्यालय के प्राचार्य प्रो शैल पांडे सब स्वयंसेवक आ स्वयं सेविका लोगन के सरदार बल्लभभाई पटेल के विशिष्ट व्यक्तित्व आ भारत के एकता आउर अखंडता में उनकर जोगदान के विषय में सभे के परिचित करावल।

पोस्टर प्रतियोगिता में फिरदौस जहां के पहिला पुरस्कार,श्रद्धा श्रीवास्तव के दूसरका पुरस्कार आ वैष्णवी गुप्ता के तीसरा पुरस्कार प्राप्त भइल। एह अवसर पs आयुष मिश्रा आ मरियम फातिमा के ओर से भाषण के माध्यम से अखंडता के नायक सरदार बल्लभभाई पटेल के जीवनी आ विविध स्वरूपन में भारतीय एकता आ अखंडता के जननायक के रूप में उनका जोगदान पs विचार प्रस्तुत कइल लोग।

कार्यक्रम अधिकारी प्रतिभा गुप्ता के ओर से बतावल गइल कि भारत के भविष्य निर्माता के रूप में सब नवहन के उनका से सीख लेला के बहुते जरूरत बा, काहेकि जब भारत आजाद भइल तs अंग्रेज बिखेरे खातिर देसी रियासतन के स्वतंत्र कs दिहल गइल। बाकिर ई उनकरे के देन बा कि हमनी के सब भारतीय एकता के अंतरराष्ट्रीय स्तर पs प्रदर्शित कs पा रहल बानी सs। एह अवसर पs डॉ. राजेश कुमार राय आ डॉ. कुलदीप कुमार द्विवेदी के संगे विश्वास पांडे, महेश चौहान आ कृष्णा सिंह सहित सब स्वयंसेवक आ स्वयं सेविका लोग उपस्थित रहे लोग।

Read Also: Bihar Election 2025 : यूपी में रहत बिहार के मतदाता लोगन के मिली छुट्टी, सरकार के आदेस जारी

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]