पटना पाइरेट्स यूपी योद्धा आ पुनेरी पलटन यू मुंबा के प्रो कबड्डी के तीन तारीख के मैचन में हरवलस

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 3, 2022

प्रो कबड्डी लीग के अठवा संस्करण में बुध के दु गो मैच भइल। पहिला मैच पटना पाइरेट्स आ यूपी योद्धा के बीच में भइल। दुसरका मैच पुनेरी पलटन बनाम यू मुंबा के बीच में भइल।

Share

प्रो कबड्डी लीग के अठवा संस्करण में बुध के दु गो मैच भइल। पहिला मैच पटना पाइरेट्स आ यूपी योद्धा के बीच में भइल। दुसरका मैच पुनेरी पलटन बनाम यू मुंबा के बीच में भइल।

 

पटना पाइरेट्स  बनाम  यूपी योद्धा –

पटना आउर यूपी के मैच एह संस्करण के सबसे बेसी रोमांच आला मैचन में से एगो रहल। पटना के टीम 2 अंक के अंतर से यूपी के हरा के पिछला बेर के 1 अंक से मिलल हार के बदला सधा लेलस। पटना के एह जीत में रेडर  सचिन के 12 रेड पॉइंट आ शार्दूल के पाँच टैकल पॉइंट के खास जोगदान रहल। पटना एह जीत के संगे अब 14 मैच में 9 मैच जीत के 50 अंक के संगे तीसरा पोजीशन पs बा।

पुनेरी पलटन  बनाम  यू  मुंबा –

पुनेरी पलटन आ यू मुंबा के मैच बहुते रोमांच से भरल रहल। पुनेरी पलटन के यू मुंबा पs जीत के अंतर मात्र 2 पॉइंट के रहल। पुनेरी के एह जीत में रेडर मोहित गोयत के 9 पॉइंट आ अभिनेश के चार गो टैकल पॉइंट आ 2 गो बोनस अंक के खास जोगदान रहल। यू मुंबा के अजित कुमार के 10 पॉइंट मैच जीते के कारण ना बन सकल।

प्रो कबड्डी लीग में आज के मैच – 

पिंक पैन्थर्स बनाम दबंग दिल्ली- साँझ के 7:30 बजे

तेलगु टाइटन्स बनाम तमिल थलाइवाज- साँझ के 8:30 बजे

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.