Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

जुम्बा डांस : जुम्बा डांस से स्वास्थ्य के देखभाल होई, एकर अद्भुत फायदा जान के रउआ होखब हैरान

 जुम्बा डांस : वर्कआउट जेके बिल्कुल पसंद ना आवेला। अयीसना में उ लोग जुम्बा क सकतारे।एह नाच से एक घंटा में 400 से 600 कैलोरी जरेला। इ ब्लड प्रेशर के नियंत्रित करेला अउरी हड्डी के घनत्व बढ़ावेला।

135

जुम्बा डांस : जुम्बा डांस से स्वास्थ्य के देखभाल होई, एकर अद्भुत फायदा जान के रउआ होखब हैरान

जुम्बा डांस : वर्कआउट जेके बिल्कुल पसंद ना आवेला। अयीसना में उ लोग जुम्बा क सकतारे।एह नाच से एक घंटा में 400 से 600 कैलोरी जरेला। इ ब्लड प्रेशर के नियंत्रित करेला अउरी हड्डी के घनत्व बढ़ावेला।

जुम्बा डांस : डांस वजन कम करे के सबसे बढ़िया अउरी आसान तरीका ह। अगर हमनी के व्यायाम के बात करीं जा त नाच एरोबिक्स के श्रेणी में आवेला। अयीसना में लोग के वर्कआउट के रूप में दक्षिण अफ्रीकी धुन पे बनल जुम्बा डांस कईल पसंद होखेला, जवन कि आपके फिट राखे में मदद करेला। रोज अयीसन कईला से दिल के बेमारी, मोटापा, थाइरॉइड आदि बेमारी के खतरा कम हो जाला अउरी शरीर भी फिट रहेला। जुम्बा डांस मेहरारू लोग खातिर बहुत फायदेमंद होला। महिला के दिन के तनाव से मुक्ति देवे के अलावे इ अपना के फिट राखे में भी बहुत मददगार होखेला। जुम्बा कवनो नाच निहन बहुत सरल बा। बता दीं कि बेली डांस के बाद पूरा दुनिया में बहुत लोग जुम्बा डांस पसंद करेला। इ नाच एक घंटा में 400 से 600 कैलोरी बर्न करेला। इ ब्लड प्रेशर के नियंत्रित करेला अउरी हड्डी के घनत्व बढ़ावेला। आईं आज रउआ सभे के जुबा डांस के गजब के फायदा के बारे में बताईं जा, जवना से आपके वजन कम हो जाई अउरी आपके फिट रही।

जुम्बा डांस के फायदा 

1. मोटापा कम करे के अलावे जुम्बा डांस सबसे मजेदार वर्कआउट ह। जुम्बा के चाल शरीर के हर अंग पे दबाव बनावेला, जवना के चलते उ हिस्सा टोन होखे लागेला। मतलब कि रोज नाच करब त दुबला-पतला आ फिट होखब। एकरा चलते पूरा शरीर के वजन कम हो सकता, जईसे कि कमर, जांघ चाहे बट के वजन कम हो सकता।

 

2. जुम्बा डांस से वजन घट जाला, काहेंकी एकर क्लास के एक घंटा कईला से आप करीब 500 से 800 कैलोरी बर्न क लेवेनी।

 

3. जुम्बा डांस एरोबिक्स के श्रेणी में आवेला, जबकि ए डांस के करत घरी आपके शरीर के बहुत मूवमेंट करे के पड़ेला, जवना के चलते आपके फेफड़ा जोर से काम करे लागेला। जुम्बा नाचे खातिर गहिरा साँस लेबे के पड़ेला, जवना के चलते फेफड़ा स्वस्थ हो जाला।

 

4. इ नाच ना सिर्फ मूड के ताजा करेला बालुक आपके फिट राखे में भी मदद करेला। सबसे जरूरी बात इ बा कि एकरा खाती कवनो ट्रेनर के जरूरत नईखे, सिर्फ एक जोड़ी जूता के जरूरत बा, काहेंकी इ गोड़ खाती सबसे निमन वर्कआउट ह।

 

5. जुम्बा के नियमित दिनचर्या बनावे से दिल के बेमारी, मोटापा, थाइरॉइड जईसन बेमारी के संभावना कम हो जाला। जुम्बा डांस पूरा शरीर खातिर सबसे बढ़िया व्यायाम ह, इ मांसपेशी के लचीला बनावेला। एकरा अलावे इ डांस एक्सरसाइज खून के संचार में सुधार खाती भी फायदेमंद बा।

 

6. आज के समय में शरीर के फिट रखे खातिर कसरत बहुत जरूरी बा, लेकिन बहुत लोग के कसरत बिल्कुल पसंद ना होखेला। अइसना में ऊ जुम्बा डांस कर सकेला जेहसे कि ऊ बिना कवनो कसरत के फिट रह सके।

6. आज के समय में शरीर के फिट रखे खातिर कसरत बहुत जरूरी बा, लेकिन बहुत लोग के कसरत बिल्कुल पसंद ना होखेला। अइसना में ऊ जुम्बा डांस कर सकेला जेहसे कि ऊ बिना कवनो कसरत के फिट रह सके।

 

7. जुम्बा मांसपेशियन प तनाव खतम करेला अवुरी फिटनेस में सुधार करेला। जुम्बा के डांस मूव्स के चलते दिल तेजी से पंप करेला, जवना के चलते खून में जादा ऑक्सीजन प्रवेश करेला, जवन कि पूरा शरीर में घूमेला।

 

8. नाच ब्लड प्रेशर के नियंत्रित करे में मदद करेला।

 

 (अस्वीकरण: एह लेख में दिहल  सामान्य जानकारी पर आधारित बा। खबर भोजपुरी एकर पुष्टि नइखे करत। सुरु करे से पहिले संबंधित विशेषज्ञ से संपर्क करीं।)

462630cookie-checkजुम्बा डांस : जुम्बा डांस से स्वास्थ्य के देखभाल होई, एकर अद्भुत फायदा जान के रउआ होखब हैरान

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.