[the_ad_group id="30365"]

zomato: जोमैटो के बदल गइल नाव, अब ‘इटर्नल’ के नाव से होई बुकिंग, जानीं काहें

जोमैटो के बदल गइल नाव
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ऑनलाइन फूड डिलीवरी अवुरी किराना सेवा देवे वाली कंपनी जोमैटो अब आपन नाव बदल के ‘इटर्नल’ करे के घोषणा कईले बिया। कंपनी के निदेशक मंडल एह बदलाव के मंजूरी दे दिहले बा. अब एकरा के अबहीं शेयरधारकन, कॉरपोरेट मामिला मंत्रालय आ अउरी वैधानिक अधिकारियन से मंजूरी नइखे मिलल. हालांकि, जोमैटो के फूड डिलीवरी के कारोबार अवुरी ऐप के नाव ‘जोमैटो’ बनल रही। बाकिर कंपनी के कॉरपोरेट नाव ‘जोमैटो डॉट कॉम’ से बदल के ‘इटर्नल डॉट कॉम’ हो जाई.

इटर्नल के नया कॉरपोरेट नाव आ उद्देश्य

ज़ोमेटो के संस्थापक अवुरी सीईओ दीपिंदर गोयल शेयरधारक के लिखल चिट्ठी में कहले कि, ब्लिंकिट के अधिग्रहण के बाद हमनी के समझ में आईल कि ब्रांड अवुरी कंपनी के नाव में अंतर होखे के चाही। इटर्नल के नाव से जोमैटो के अलावे भविष्य में हमनी के अवुरी प्रमुख बिजनेस के भी शामिल करब, जवना में ब्लिंकिट, डिस्ट्रिक्ट अवुरी हाइपरप्योर शामिल बा।”

इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ साया के जइसन ताउमिर साथे रहलें दिलीप कुमार आ सायरा बानो.. अइसन रहे लव स्टोरी

जोमैटो आ इटर्नल के बीच अंतर


नाव में बदलाव: जोमैटो लिमिटेड के नाम अब इटर्नल लिमिटेड होई
ब्रांड पहचान: जोमैटो के नाव आ ऐप उहे रही, बाकिर कॉरपोरेट पहचान ‘इटर्नल’ के रूप में होई.
प्रमुख व्यवसाय: इटर्नल के तहत जोमैटो, ब्लिंकिट, डिस्ट्रिक्ट आ हाइपरप्योर जइसन प्रमुख व्यवसायन के संचालन होई.

जोमैटो नाव काहें बदलल?


जोमैटो (Zomato): फूड डिलीवरी आ रेस्तरां सेवा
ब्लिंकिट (Blinkit): किराना आ जरूरत के वस्तुअन के त्वरित डिलीवरी
डिस्ट्रिक्ट (Distrikt): किचन इन्फ्रास्ट्रक्चर आ रेस्तरां सेवा
हाइपरप्योर (Hyperpure): रेस्तरां आ उच्च गुणवत्ता वाला खाद्य पदार्थन के आपूर्ति

कंपनी पs एकर का असर होई?


एह बदलाव के पीछे कंपनी के मंशा एगो व्यापक बिजनेस मॉडल अपनावे के बा, जवना में अलग-अलग क्षेत्र में आपन मौजूदगी स्थापित कईल शामिल बा। अब जोमैटो एगो मल्टी ब्रांड संगठन बन गईल बा, जवन कि खाली रेस्तरां सेवा ले सीमित ना रही।

इहो पढ़ीं: Mathura News: प्रेमानंद महाराज के रात्रि दर्शन भइल बंद, अब नाहीं निकली पदयात्रा

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]