[the_ad_group id="30365"]

Zomato शुरू कइलस ‘शुद्ध शाकाहारी बेड़ा’, खाली वेज रेस्तरां से डिलीवर होई ऑर्डर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जोमैटो के सीईओ कहले, “दुनिया में सबसे बेसी शाकाहारी जनसंख्या प्रतिशत भारत में बा आ उऽ लोग से बहुते महत्वपूर्ण प्रतिक्रिया मिलल बा कि उऽ लोग एकरा के लेके बहुते गंभीर कि उनका लो के खाना कइसे पकावल जाई, आ उनका लो के खाना के कइसे लिआवल जाला।

खान-पान के उत्पादन के आपूर्ति करे वाला ऑनलाइन मंच जोमैटो (Zomato) के संस्थापक आ मुख्य कार्यपालक अधिकारी (सीईओ) दीपिंदर गोयल पूर्ण रूप से शुद्ध शाकाहारी माध्यम (Pure Veg Mode) से खाना के आपूर्ति सेवा शुरू करे के घोषणा कइले बाड़े। कंपनी ई सेवा पूर्ण रूप से शुद्ध शाकाहार अपनावे वाला ग्राहकन के पसंद के ध्यान में राख के शुरू कइले बिया। उऽ ई नया सेवा के शुरू करे खातिर शाकाहारी ग्राहक लो (Vegetarian Customers) के प्रतिक्रिया के हवाला देलस। उऽ बतवले कि ऑनलाइन मंच भारत में 100 प्रतिशत शाकाहारी आहार के उपयोग करे वाला ग्राहकन खातिर ‘शुद्ध शाकाहारी बेड़ा’ (प्योर वेज फ्लीट) शुरू कर रहल बा।

गोयल सोशल नेटवर्किंग मंच ‘एक्स’ पऽ पोस्ट कर के कहले कि दुनियाभर में सबसे बेसी शाकाहारी जनसंख्या भारत में बा। उऽ कहले कि नया सेवा वइसे ग्राहकन के प्रतिक्रिया के आधार पऽ शुरू कइल गइल बा।

जोमैटो सीईओ के एगो वर्ग आलोचनो कइलस

गोयल साझा कइले कि ‘शुद्ध शाकाहारी माध्यम’ में मांसाहारी वस्तुअन के पेशकश करे वाला कवनो दोकान के छोड़ के, विशेष रूप से शाकाहारी भोजन परोसे वाला रेस्तरां के चयन शामिल होई। उऽ स्पष्ट कइले कि उनकर ई कदम कवनो धार्मिक भा राजनीतिक प्राथमिकता खातिर नइखे। हालांकि, ए कदम खातिर जोमैटो के सीईओ के सोशल मीडिया पऽ एगो वर्ग आलोचनो कइलस।

शुद्ध शाकाहारी रेस्‍टोरेंटो से डिलीवर होई ऑर्डर 

गोयल कहले, “जोमैटो के पूर्ण शाकाहारी बेड़ा में हरिहर रंग के डिब्बा होई ना कि पारंपरिक लाल डिब्बा ” गोयल स्पष्ट कइले कि ई खाना आपूर्ति करे वाला व्यक्ति विशेष रूप से शुद्ध शाकाहारी रेस्तरां से ऑर्डर वितरित करिहें आ कवनो मांसाहारी भोजन ना संभलिहें। एकरा अलावा, उऽ हरिहर रंग के डिब्बा लेके मांसाहारी रेस्तरां में प्रवेशो ना करिहें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]