छपरा में जुवक के गर रेत के हत्या

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 5, 2022

छपरा के इसुआपुर में एगो जुवक के गर रेत के हत्या हो गइल बा। मृतक के शव ओकरा गांवे के चंवर में आधा बनल मकान के लगे मिलल बा। मृतक के चिन्हा इसुआपुर थाना के

Share

छपरा के इसुआपुर में एगो जुवक के गर रेत के हत्या हो गइल बा। मृतक के शव ओकरा गांवे के चंवर में आधा बनल मकान के लगे मिलल बा। मृतक के चिन्हा इसुआपुर थाना के मुरवां गांव के रहनिहार रंजन कुमार उमिर 25 पिता जगजीवन राम के रूप में भइल बा। जुवक के धारदार हथियार से गर रेत के मौत के घाट उतारल गइल बा। मृतक के शव पs कव जगे धारदार हथियार के निसान बा। हत्या में इस्तेमाल भइल फसुली शव के निचके से बरामद कs लिहल गइल बा।

देर रात दोस्त के आइल रहे फोन, ओकरा बाद बहरी गइल रहे रंजन 

घटना के संबंध में परिवार के लोग बतावल कि सोमार के रात 9 बजे के लमसम केहु के फोन आइल रहे, तब रंजन आधा घंटा में लवट आवे के कह के बात कह के घर से निकलल बाकिर रात बितलो पs ना लवटल। रात में घरे ना अइला पs परिवार के लोग खोजल बाकिर कवनो जानकारी ना मिलल। घर से निकलला के आधा घंटा के बाद से मृतक के मोबाइल स्विच ऑफ बतावे लागल रहे। आज भोर में गांव के चंवर से क्षत विक्षत हालत में शव बरामद भइल। जुवक के ह्त्या ताड़ के रस निकाले आला फसुली से कइल गइल बा। जवना के पुलिस घटना के जगे से निचके से बरामद कs लेले बिया। पुलिस घटना के सब बिन्दुअन पs गहराई से जांच करत बिया।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.