UP Politics : भूपेन्द्र चौधरी आ मनोज पाण्डेय लिहल लो कैबिनेट मंत्री पद के शपथ, सोमेंद्र तोमर आ अजीत पाल के स्वतंत्र प्रभार

By Anurag Ranjan

Published on: May 10, 2026

लखनऊ। योगी आदित्यनाथ मंत्रिमंडल के दूसरका विस्तार आज दुपहरिया 3:30 बजे जन भवन में भइल। राज्यपाल आनंदीबेन पटेल आठ गो मंत्रियन के पद आ गोपनीयता के शपथ दिलवली। भूपेन्द्र चौधरी आ मनोज कुमार पाण्डेय कैबिनेट

Share

लखनऊ। योगी आदित्यनाथ मंत्रिमंडल के दूसरका विस्तार आज दुपहरिया 3:30 बजे जन भवन में भइल। राज्यपाल आनंदीबेन पटेल आठ गो मंत्रियन के पद आ गोपनीयता के शपथ दिलवली।

भूपेन्द्र चौधरी आ मनोज कुमार पाण्डेय कैबिनेट मंत्री पद के शपथ लिहल लोग। एही संगे डॉ. सोमेंद्र तोमर आ अजीत पाल राज्य मंत्री स्वतंत्र प्रभार के रूप में शपथ लिहल लोग। जबकि कृष्णा पासवान, कैलाश सिंह राजपूत, सुरेन्द्र दिलेर आ हंसराज विश्वकर्मा राज्य मंत्री पद के शपथ लेलें।

योगी आदित्यनाथ सरकार 2.0 में पहिलही से मुख्यमंत्री आ दूगो उपमुख्यमंत्री सहित 21 गो कैबिनेट मंत्री रहलें। एकरा अलावा 14 गो राज्य मंत्री (स्वतंत्र प्रभार) आ 18 गो राज्य मंत्री रहलें। कवनो मंत्री के हटवले बिना आठ नया चेहरा के मंत्रिमंडल में जगह दिहल गइल।

योगी सरकार के पहिला कार्यकाल में कैबिनेट मंत्री रहल भाजपा के पूर्व प्रदेश अध्यक्ष भूपेन्द्र चौधरी फेर से कैबिनेट मंत्री बनलें। रायबरेली के ऊंचाहार से विधायक आ समाजवादी पार्टी से बगावत करे वाला मनोज कुमार पाण्डेय के कैबिनेट मंत्री बनावल गइल।

एह लोगन के अलावे वाराणसी से विधान परिषद सदस्य हंसराज विश्वकर्मा, फतेहपुर के खागा सीट से विधायक कृष्णा पासवान, अलीगढ़ के खैर सीट से विधायक सुरेन्द्र दिलेर आ कन्नौज के तिर्वा सीट से विधायक कैलाश सिंह राजपूत पहिलका बेर राज्य मंत्री बनलें।

मेरठ दक्षिण सीट से भाजपा विधायक डॉ. सोमेंद्र तोमर के प्रमोशन दिहल गइल बा। ऊ पहिले राज्य मंत्री ऊर्जा आ अतिरिक्त ऊर्जा स्रोत विभाग संभालत रहलें, अब उहांके राज्य मंत्री स्वतंत्र प्रभार बनावल गइल बा।

कानपुर देहात के सिकंदरा सीट से विधायक अजीत पाल, जे विज्ञान एवं प्रौद्योगिकी आ इलेक्ट्रॉनिक्स एवं सूचना प्रौद्योगिकी विभाग में राज्य मंत्री रहलें, उनको के प्रमोट कs के राज्य मंत्री स्वतंत्र प्रभार बनावल गइल बा।

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ मंत्रिमंडल के पहिला विस्तार लोकसभा चुनाव से पहिले 5 मार्च 2024 के भइल रहे। ओह समय सामाजिक आ जातीय समीकरण साधे खातिर चार गो नया कैबिनेट मंत्री बनावल गइल रहलें। एमे ओम प्रकाश राजभर, दारा सिंह चौहान, अनिल कुमार आ सुनील कुमार शर्मा सामिल रहलें।

भाजपा के जातीय समीकरण के बात करीं तs फिलहाल पार्टी के 258 विधायक बाड़ें। एमे 45 राजपूत, 42 ब्राह्मण, 84 ओबीसी, 59 एससी आ 28 अन्य सवर्ण विधायक सामिल बा लोग। विधान परिषद में भाजपा के 79 सदस्य बा लोग, जवन अलग-अलग जातीय वर्ग से आवेला लोग।

Read Also: Assam CM : विधायक दल के नेता चुनल गइलें हिमंता, 12 मई के होई शपथ ग्रहण समारोह

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.