[the_ad_group id="30365"]

सबेरे-सबेरे : पेट के चर्बी कम करे अउरी पातर कमर खातीर करीं योगा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रोजाना योग स्वस्थ जीवनशैली के एगो हिस्सा हs। शारीरिक अउरी मानसिक रूप से स्वस्थ रहे के इs एगो सबसे निमन तरीका बा। आजकल अधिकांश लोग अपना पेट के मोटापा से परेशान बाड़े। हालांकि इs लोग पेट के चर्बी कम करे के उपाय करेले. अयीसना में योग आपके खातीर सबसे उपयोगी अउरी बेहद फायदेमंद हो सकता। इ आपके समग्र स्वास्थ्य खातीर फायदेमंद बा अउरी आपके ताकत बढ़ावे, लचीलापन में सुधार, तनाव के प्रबंधन अउरी शरीर के टोन करे में भी मदद क सकता। अगर आप पेट के चर्बी कम करे के कोशिश करतानी त योग आपके खातीर एगो बढ़िया समाधान हो सकता। इहाँ ४ योग आसन के सूची दिहल गईल बा, जवन कि आपके पेट के चर्बी कम करे में मदद क सकता।

भुजंगासन

एह मुद्रा के कोबरा स्ट्रेच भी कहल जाला। भुजंगासन एगो अउरी बढ़िया आसन ह जवन पेट के चर्बी कम करे में मदद करेला। इ बैक बेंडिंग आसन ह जवन पेट के इलाका के भी निशाना बनावेला। इ आपके पीठ के मजबूत राखे खातीर उपयोगी बा अउरी एकरा के खून के संचार अउरी लचीलापन में सुधार खातीर भी जानल जाला।

कुंभकासन

 

पेट के चर्बी कम करे खातिर आप एगो अउरी योग मुद्रा कुंभकासन क सकतानी। एकरा के प्लैंक पोज भी कहल जाला। एह आसन के नियमित अभ्यास से वजन घटावे में मदद मिलेला, कमर दर्द कम होखेला, कोर मांसपेशी मजबूत होला अउरी शरीर के संतुलन अउरी लचीलापन में सुधार होला।

उष्ट्रासन

उष्ट्रासन के ऊंट मुद्रा भी कहल जाला। एकरा के परफॉर्म कइल काफी मुश्किल होला आ एकर अभ्यास खाली ओह लोग के करे के चाहीं जेकरा पीठ आ रीढ़ के हड्डी से जुड़ल कवनो समस्या नइखे| पेट के जिद्दी चर्बी से छुटकारा पावे में मदद करे के अलावे एकरा के पीठ के मांसपेशी के मजबूत करे अउरी लचीलापन में सुधार करे खातीर जानल जाला।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]