Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सबेरे- सबेरे: ओवरथिकिंग कंट्रोल कs आपके भावनात्मक स्वास्थ्य में सुधार कs सकेला इs तीन गो योगासन

860

 

दिन पs दिन बढ़त तनाव, अवसाद अवुरी चिंता के चलते आदमी भावनात्मक रूप से कमजोर होखता। अपना भावना के काबू ना करे के चलते ना सिर्फ ओकर सामाजिक सर्कल कम हो जाला, बालुक अपना भावना के व्यक्त करे में भी दिक्कत के सामना करे के पड़ेला। असल में शारीरिक रूप से स्वस्थ होखे के अलावे आदमी खातीर भावनात्मक रूप से मजबूत होखल भी जरूरी बा। अपना भावना के काबू में राखे खातिर कुछ योग आसन जानीं।

1. अंजनेयासन (Crescent lunge pose)

मानसिक स्वास्थ्य के बढ़ावे खातिर अंजनेयासन एगो बढ़िया विकल्प बा। एकरा लगातार प्रयास से शरीर में खून के संचार नियमित हो जाला। एकरा संगे मांसपेशियन के बढ़े वाला ऐंठन से भी राहत मिलेला, जवना के चलते आदमी तनाव मुक्त हो जाला।

2. विपरीत करणी (Leg up the wall pose)

विपरीत करणी आसन के अभ्यास शरीर के आराम देवे खातिर फायदेमंद बा। एह से मन के शांति मिलेला। नियमित रूप से खून के संचार के चलते दिमाग के ऑक्सीजन मिलेला। एकरा चलते मानसिक स्वास्थ्य ठीक रहेला। अयीसन कईला से पेट के मांसपेशी भी मजबूत होखेला।

3. बालासन (Child pose)

भावना के नियंत्रित करे आ मन के आराम देवे खातिर बालासन के अभ्यास करीं।अयीसन कईला से बढ़त तनाव अवुरी चिंता से राहत मिलेला। एकरा चलते शरीर में खून के बहाव नियमित रहेला, जवना से मानसिक स्वास्थ्य बनल रहेला।

 

783080cookie-checkसबेरे- सबेरे: ओवरथिकिंग कंट्रोल कs आपके भावनात्मक स्वास्थ्य में सुधार कs सकेला इs तीन गो योगासन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.