सबेरे-सबेरे : गोड़ में दरद के समस्या के दूर करे खातीर रोज करीं इs योगासन

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 8, 2024

आजकल हमनी के व्यस्त जिनगी में हमनी के आपन ख्याल राखल भूला जानी जा। खराब जीवनशैली आ अस्वस्थ आहार के कारण स्वास्थ्य से जुड़ल कई गो समस्या के सामना करे के पड़े ला। एह दौरान

Share

आजकल हमनी के व्यस्त जिनगी में हमनी के आपन ख्याल राखल भूला जानी जा। खराब जीवनशैली आ अस्वस्थ आहार के कारण स्वास्थ्य से जुड़ल कई गो समस्या के सामना करे के पड़े ला। एह दौरान गोड़ में दर्द के समस्या के भी सामना करे के पड़ेला। गोड़ के मजबूत करे खातिर जरूरी बा कि आप नियमित रूप से योग करीं।खराब जीवनशैली अवुरी घंटन एक जगह पs बईठला के चलते गोड़ में दरद के समस्या पैदा होखेला। अयीसना में गोड़ से जुड़ल समस्या से राहत पावे खातीर आप योग भी कs सकतानी। इs योग आसन गोड़ के मांसपेशी के मजबूत करे के काम करी। बता दी कि रउरा कवन योगासन कs सकेनी.

सेतुबंधासन

एह आसन के करे खातिर योग चटाई पs लेट जाइ। अब गोड़ के तनी अलग रखी। घुटना मोड़ ली। हाथ जमीन के नजदीक रखे के चाहीं। कमर के एरिया के ऊपर उठावे के कोशिश करीं। कंधा आ माथा जमीन पs राखीं। कुछ समय ले अईसने रहीं आ फेर वापस ओही स्थिति में आ जाईं.

उत्तानासन

एह आसन के करे खातिर सीधा योग चटाई पs खड़ा होखे के चाहीं। गोड़ के कूल्हा चौड़ाई के दूरी पs राखीं. अब घुटना के सीधा राखत आगे झुके के कोशिश करीं। कमर अवुरी रीढ़ के हड्डी खातीर इs योग आसन बहुत फायदेमंद बा। इs पैर दरद के समस्या से राहत देवे के काम करेला।

चाइल्ड पोज 

गोड़ में दरद के समस्या से छुटकारा पावे खातिर आप नियमित रूप से बालासना भी कs सकतानी। एकरा खातिर वज्रासन में बईठ जाइ। आगे झुक जाइ। आपन माथा जमीन पस राखीं। हाथ आगे पसार दीं। गहिरा साँस लेके साँस छोड़ीं। कुछ समय ले एह मुद्रा में रह के वापस ओही स्थिति में वापस आ जाईं।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.