Yes Bank: चार साल बाद जेल से बाहर अइहें यस बैंक के को-फाउंडर राणा कपूर, बैंक धोखाधड़ी मामले में मिलल जमानत

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 19, 2024

यस बैंक के को-फाउंडर राणा कपूर के मुंबई के एगो विशेष अदालत शुक के बड़ राहत देलस। बता दें कि कोर्ट 466 करोड़ रूपिया के बैंक धोखाधड़ी मामला में राणा कपूर के जमानत देलस। राणा

Share

यस बैंक के को-फाउंडर राणा कपूर के मुंबई के एगो विशेष अदालत शुक के बड़ राहत देलस। बता दें कि कोर्ट 466 करोड़ रूपिया के बैंक धोखाधड़ी मामला में राणा कपूर के जमानत देलस। राणा कपूर के वकील राहुल अग्रवाल कहले कि उऽ उनका रिहाई को जलदी से जलदी सुनिश्चित करे खातिर जमानत के औपचारिकता पूरा करे के कोशिश कर रहल बाड़न।

मुंबई। यस बैंक के को-फाउंडर राणा कपूर के मुंबई के एगो विशेष अदालत शुक के बड़ राहत देलस। बता दी कि कोर्ट 466 करोड़ रूपिया के बैंक धोखाधड़ी मामला में राणा कपूर के जमानत दे देलस। एकरा साथही राणा कपूर के चार साल बाद जेल से बाहर आवे के रास्ता साफ हो गइल।

कब भइल रहे गिरफ्तारी?

प्रवर्तन निदेशालय (ED) राणा कपूर के मनी लॉन्ड्रिंग मामला में मार्च 2020 में गिरफ्तार कइले रहे आ उनका पऽ बैंक धोखाधड़ी से संबंधित आठ मामला में केस दर्ज कइले रहे। फिलहाल, राणा कपूर के कुल मामलन में जमानत मिल गइल बा।

वकील का कुछ कहले ?

राणा कपूर के वकील राहुल अग्रवाल कहले कि उऽ उनका रिहाई के जलदिए सुनिश्चित करे खातिर जमानत के औपचारिकता पूरा करे की कोशिश कर रहल बाड़न।

बता दी कि कोर्ट राणा कपूर के आ अवंता समूह के प्रमोटर गौतम थापर के खिलाफ कथित तौर पऽ 466.51 करोड़ रूपिया के सार्वजनिक धन दुरुपयोग मामला में जमानत दे देलस।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.