[the_ad_group id="30365"]

‘ये ठंड है प्रचंड…’, हाड़ कँपावे वाला जाड़ा पs इs पैरोडी सांग सुनके लोटपोट हो जाएंब रउरा, VIDEO

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

वर्तमान में पूरा उत्तर भारत में बेहद जाड़ा बा। देश के राजधानी दिल्ली समेत हरियाणा, उत्तर प्रदेश, बिहार, राजस्थान के पंजाब में जाड़ा कई शहरन में घना कुहरा

भी देखल जा रहल बा। एही बीच ठंड के संबंध में सुप्रसिद्ध अभिनेता आ गीतकार पीयूष मिश्रा के “आरम्भ है प्रचण्ड”

पs आधारित एगो पैरोडी वीडियो वायरल हो गइल बा जवन मजाकिया बा। एह पैरोडी में देश के हाड़ कँपावे वाला जाड़ा के विस्तार से बतावल गइल बा।

सोशल मीडिया पs एह वीडियो से हलचल मच गइल बा, जवना में असली गाना के कॉमेडी टच दिहल गइल बा। कवि शेखर त्रिपाठी के तइयार पैरोडी में गायक पीयूष मिश्रा के रचना के धुन आ लय बरकरार राखल गइल बा।

एकर गीत कुछ अइसने बा – ”ठंड का प्रकोप और धूप का है लोभ, अब बिस्तरों पर चाय की गुहार हो…, न नहा सको अगर तो खोपड़ी भिगो लो और जिस तरह से गैप मार लो… जो नहा चुका है मित्र सिर्फ वो ही है पवित्र, ये वहम जहन से तुम उतार लो… कंबलों को छोड़ के जग के हर प्रलोभनो पर बिन कहे सुने ही लात मार दो… ये ठंड है प्रचंड.’ आईं बता दीं कि पीयूष मिश्रा के ‘आरम्भ’ साल 2009 के फिल्म ‘गुलाल’ के एगो महत्वपूर्ण हिस्सा रहल।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]