[the_ad_group id="30365"]

यायावरी कथाकारी परिणाम के भइल घोषणा; जानीं के बा कवने पायदान पर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। भोजपुरी के पहिला स्टोरी टेलिंग एप यायावरी वाया भोजपुरी के साल-2024 के कथाकारी प्रतियोगिता के पुरस्कारन के घोषणा कइल गइल। एह साल पहिला स्थान मृत्युंजय कुमार मिश्र के कहानी “मन के बोझ”, दूसरा स्थान स्वरा सिंह के कहानी “रुक्मिणी” आ तीसरा स्थान सरिता सिंह के कहानी “दहेज के रजाई” के मिलल।

प्रतियोगिता के सांत्वना पुरस्कारन में नंदीश्वर द्विवेदी राजन के “अभागत”, वर्तिका उपाध्याय के “खरोच” आ अनमोल श्रवण के “सात दिन एगो अनोखी प्रेम कहानी” के मिलल।

प्रतियोगिता के परिणाम के घोषणा करत चयन मंडल के अध्यक्ष विमल चंद्र पांडेय बतवलें कि कहानी के चयन विषय के चुनाव, कहानी के शिल्प आ कहानी के भाषा के आधार पs कइल गइल।

विजेता लेखकन के होई सम्मान

संस्था के सदस्य सुधीर कुमार मिश्र बतवलें कि सब विजेता लेखकन के नव जून के आयोजित होखे वाला ” यायावरी भोजपुरी महोत्सव-2024″ के मंच से सम्मानित कइल जाई। एह प्रतियोगिता के दौरान आइल कहानियन में से विजेता लोगन के चुने खातिर एगो पारदर्शी प्रक्रिया अपनावाल गइल। संस्था के ओर से सब विजेता लोगन के बधाई देत ऊ लोगन से भोजपुरी में कहानी लिखत रहे के अपील कइलें।

एह बैठकी में निर्णायक मंडल के तीनो लोग डाॅ. एम.के.पाण्डेय, अध्यक्ष विमल चंद्र पाण्डेय, यायावरी वाया भोजपुरी से डाॅ. क्षमा त्रिपाठी और संचालक सुधीर मिश्र जी रहलें। तमाम दर्शक लोग लगातार जुड़ के कार्यक्रम के सफल बनावल लोग।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]