Bankipur Bypoll : जन सुराज से प्रशांत किशोर बनलें उम्मीदवार, भाजपा आ मुख्यमंत्री पs सधलें निशाना

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 5, 2026

पटना। बांकीपुर विधानसभा उपचुनाव के लेके बिहार के राजनीति गरमा गइल बा। एनडीए आ महागठबंधन अभी तक अपना उम्मीदवार के नाम के घोषणा नइखे कइले, बाकिर जन सुराज पार्टी सबसे पहिले अपना उम्मीदवार के एलान

Share

पटना। बांकीपुर विधानसभा उपचुनाव के लेके बिहार के राजनीति गरमा गइल बा। एनडीए आ महागठबंधन अभी तक अपना उम्मीदवार के नाम के घोषणा नइखे कइले, बाकिर जन सुराज पार्टी सबसे पहिले अपना उम्मीदवार के एलान कs देले बिया। पार्टी प्रमुख प्रशांत किशोर खुद बांकीपुर विधानसभा सीट से चुनावी मैदान में उतर गइल बाड़ें।

एह घोषणा के बाद राजनीतिक हलचल आउर तेज हो गइल बा। पिछिला कइयन दिनन से जन सुराज के शीर्ष नेतृत्व लगातार बैठक कs के चुनावी रणनीति तय करत रहे।

प्रशांत किशोर कहलें- जनता के भरोसा पs खरा उतरब

उम्मीदवार घोषित होखला के बाद प्रशांत किशोर पार्टी कार्यकर्ता, नेता आ बिहार के जनता के धन्यवाद देलें। ऊ कहलें कि पार्टी उनका पs बड़ भरोसा जतवले बिया आ अब ऊ एह जिम्मेदारी के पूरा ईमानदारी से निभइहें। प्रशांत किशोर कहलें कि जबतक बिहार में बदलाव ना आई, तब तक ऊ संघर्ष जारी रखिहें। ऊ 2025 के विधानसभा चुनाव में जन सुराज के वोट देवे वाला मतदाता लोगन के आभार जतवलें।

“जन सुराज के विधायक 242 विधायक पs भारी पड़ी”

प्रशांत किशोर बांकीपुर के जनता से अपील कइलें कि अगर लोग जन सुराज के प्रतिनिधि के विधानसभा भेजी, तs ऊ अकेले बाकी 242 विधायकन पs भारी साबित हो सकेला। उनका अनुसार ई चुनाव खाली एगो सीट जीते के ना, बलुक बिहार के राजनीति बदले के अवसर बा।

मुख्यमंत्री पs कइलें हमला

प्रेस कॉन्फ्रेंस के दौरान प्रशांत किशोर मुख्यमंत्री पs निशाना सधलें। ऊ कहलें कि वर्तमान मुख्यमंत्री जनता से चुनल ना, बलुक “पिछिला दरवाजा से बनल मुख्यमंत्री” बाड़ें। उनका मुताबिक जल्दिये जनता के सब कुछ साफ दिखाई दी।

जीत के राह आसान नइखे

राजनीतिक जानकारन के माने के बा कि बांकीपुर विधानसभा सीट पs कइयन दशक से भाजपा के मजबूत पकड़ रहल बा। एह क्षेत्र में खासकर कायस्थ मतदाता निर्णायक भूमिका निभावेला लो। जदि भाजपा एह सीट से फेर कवनो मजबूत कायस्थ चेहरा उतारत बिया, तs ब्राह्मण समाज से आवे वाला प्रशांत किशोर खातिर मुकाबला आसान ना रही।

2025 के चुनाव में भाजपा के रहे भारी बढ़त

2025 के विधानसभा चुनाव में भाजपा उम्मीदवार नितिन नवीन के 98,299 वोट (62.66%) मिलल रहे। आरजेडी उम्मीदवार रेखा कुमारी के 46,363 वोट (29.55%) मिलल, जबकि जन सुराज के उम्मीदवार वंदना कुमारी के महज 7,717 वोट (4.92%) हासिल भइल रहे।

एह हिसाब से भाजपा आ जन सुराज के वोट शेयर में लगभग 58 प्रतिशत के अंतर रहे। अब 30 जुलाई के होखे वाला उपचुनाव में प्रशांत किशोर के सामने सबसे बड़ चुनौती एह वोट अंतर के कम करे के रही। राजनीतिक विश्लेषक मानत बा लाेग कि ई चुनाव के नतीजा खाली बांकीपुर ना, बलुक बिहार के भविष्य के राजनीति पs असर डाल सकेला।

Read Also: Meta Notice : इंस्टाग्राम के पेड विज्ञापन में चाइल्ड पोर्नोग्राफी पs केंद्र सरकार मेटा के भेजलस नोटिस

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.