[the_ad_group id="30365"]

छपराः अपराधी गोली मारके महिला के उतरले मौत के घाट, पुलिस पोस्टमार्टम खातिर भेजलस शव

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपराः बिहार के छपरा में लगातार आपराधिक घटना में बढ़न्ती हो रहल बा। अपराधी अपराधिक घटनन के अंजाम देके आराम से फरार हो रहल बाड़े सs। एही तरह के हत्या के ममिला छपरा शहर के बिचला तेलपा पुलिस लाइन के लगे से सामने आइल बा। जहां अपराधियन द्वारा एगो महिला के गोली मारके मौत के घाट उतार दिहल गइल बा।

पुलिस पोस्टमार्टम खातिर भेजलस शव 

मृत महिला के पहचान नगर थाना क्षेत्र के बिचला तेलपा पुलिस लाइन के लगे के निवासी लक्ष्मी देवी (30 वर्ष) पति सनोज शाह के रूप में भइल बा। मौत के बाद परिवार वालन में कोहराम मचल बा। हत्या के कारणन के पता नइखे चल पाइल, बाकिर अपराधियों द्वारा महिला के दु गोली मारल गइल बा। घटना अतवार के देर रात के बतावल जा रहल बा। जवना के बाद सोमार के सबेरे पुलिस शव के कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खातिर सदर अस्पताल भेज दिहल गइल।

इलाज के दौरान अस्पताल में भइल मौत

घटना के बारे में जानकारी देत मृतिका के ससुर बतवलें कि अतवार के रात सभे लोग खाना खाके सोवे चल गइलें। जवना के बाद मृतिका नया घर में खाना बनवला के बाद पुरान घर में सुते खातिर गइली। देर रात गोली चलला के आवाज सुनाई देलस।गोली के आवाज के साथे आनन-फानन में सब लोग घर से बाहर निकलल, तs देखल कि मृतिका घर से बाहर खून से लथपथ पड़ल बाड़ी। जिनका के इलाज खातिर लोग सदर अस्पताल लेके पहुंचल। जहां इलाज के क्रम में ओकर मौत हो गइल।

चरचा के विषय बनल ममिला

हालांकि हत्या के कारणन के खुलासा नइखे हो सकल, बाकिर अपराधी गोली मरला के बाद से महिला के मोबाइल साथे लेके फरार हो गइल बाड़े सs। पुलिस टेक्निकल अनुसंधान के रूप में ममिला के जांच कर रहल बिया। मृतिका के पति केरल में मार्केटिंग के काम करेले। महिला के हत्या के ममिला पूरा क्षेत्र में चरचा के विषय बनल बा।

साभार: जी न्यूज

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]