[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News : औरतन के उत्थान मतलब राष्ट्र के उत्थान हs”- प्रो. दीपा श्रीवास्तव

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। डीएवी पीजी कॉलेज, गोरखपुर में राष्ट्रीय सेवा योजना (NSS) के दयानंद आ विवेकानंद इकाई के ओर से चल रहल सात दिन के विशेष शिविर के चउथा दिन पs “मिशन शक्ति 5.0” के तहत कइयन गो कार्यक्रम आयोजित कइल गइल।

एह दौरान स्वयंसेवक आ स्वयंसेविका दयानंद शिशु सदन से तेलियाना टोला होत बक्शीपुर चौराहा तक स्त्री सशक्तिकरण पs आधारित एगो जागरूकता रैली निकललें। रैली में सब लोग नारा लगावत मेहरारू शिक्षा आ ओकर अधिकार के बारे में जन-जागरण कइल। संगे-संगे आसपास के घर में जाके लोगन के बेटियन के पढ़ाई के महत्व समझावल गइल।

एकरा बाद स्वयंसेवक लोग “स्त्री अधिकार के महत्व” पs एगो नुक्कड़ नाटक पेश कइलस, जवना के देख के लोगन में जागरूकता बढ़ल।

शिविर के बौद्धिक सत्र में मुख्य अतिथि प्रो. दीपा श्रीवास्तव (वनस्पति विभाग, दीन दयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय) कहली कि मिशन शक्ति अब आपन पांचवां चरण में पहुंच गइल बा। ऊ कहली कि औरतन के भागीदारी बिना कवनो देस के विकास संभव नइखे।

महाविद्यालय के प्राचार्य प्रो. शैल पांडे आपन बीज भाषण में कहली कि आज के औरत हर क्षेत्र में आगे बढ़ के आपन पहचान बना रहल बा लोग। कार्यक्रम अधिकारी प्रतिभा गुप्ता धन्यवाद ज्ञापन देली, जबकि मंच संचालन डॉ. शत्रुघ्न सिंह कइलें।

सांझ के सत्र में सांस्कृतिक संध्या के आयोजन भइल, जहां विद्यार्थी लोगन खातिर काव्य पाठ प्रतियोगिता रखल गइल। एह प्रतियोगिता में मरियम पहिला, सुमेर दुसरा आ आदर्श तिसरका स्थान हासिल कइलें।

एह मवका पs प्रो. वेदवती सिंह, डॉ. आशाराम, डॉ. रक्षा गुप्ता सहित कइयन गो शिक्षक-शिक्षिका आ श्रद्धा, विनय, जेनिस, रुचि, रामनरेश, आस्था, सृष्टि, अनूप, राधा, अनमोल, रितिका जइसन कइयन गो स्वयंसेवक आ स्वयंसेविका मवजूद रहल लोग।

Read Also: Rajpal Yadav : राजपाल यादव के चेक बाउंस केस में दिल्ली हाई कोर्ट से मिलल राहत, अंतरिम जमानत 1 अप्रिल तक बढ़ल

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]