[the_ad_group id="30365"]

Rajpal Yadav : राजपाल यादव के चेक बाउंस केस में दिल्ली हाई कोर्ट से मिलल राहत, अंतरिम जमानत 1 अप्रिल तक बढ़ल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नई दिल्ली। बॉलीवुड अभिनेता राजपाल यादव के चेक बाउंस ममिला में बुध के दिन दिल्ली हाई कोर्ट से बड़ राहत मिलल बा। कोर्ट एह ममिला के सुनवाई खातिर लिस्ट कs देलस।

कोर्ट उनका वकील के निरदेस देलस कि अगिला तारीख पs मुख्य याचिका पs आपन दलील पेश करस आ संगही उनकर अंतरिम जमानत 1 अप्रिल तक बढ़ा दिहल गइल बा।

पहिले का भइल रहे?

बतावल जा रहल बा कि 9 करोड़ रुपिया के चेक बाउंस ममिला में एक्टर राजपाल यादव के फेर से जेल ना भेजल जाई, काहे कि ऊ एगो बड़ रकम जमा कs देले बाड़ें। एह ममिला में 1.5 करोड़ रुपिया जमा कइला के बाद 17 फरवरी के उनका के तिहाड़ जेल से रिहा कs दिहल गइल रहे।

एकरा से पहिले 5 फरवरी के ऊ सरेंडर कइले रहलें, काहे कि हाई कोर्ट उनका ओर से रकम चुकावे खातिर आउर समय मांगे वाली याचिका खारिज कs देले रहे। बाद में कोर्ट अस्थायी राहत देत उनकर सजा 18 मार्च तक खातिर निलंबित कs देले रहे।

Read Also: Nepal Helicopter Crash : नेपाल में हेलीकॉप्टर हादसा: लैंडिंग के समय बिगड़ल संतुलन, खोटांग में 9एन-एएफक्यू क्रैश, एगो यात्री घायल

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]