महिला वर्ल्डकप 2022 : 10 करोड़ के बा टूर्नामेंट, भिड़ी 8 देस के टीम, होई 31 गो मैच

Share

ICC महिला वर्ल्ड कप के सुरुआत 4 मार्च से न्यूजीलैंड में हो रहल बा। पहिला मोकाबिला न्यूजीलैंड अउर वेस्टइंडीज के बीच खेलल जाई। उहवें, दुसरका मोकाबिला में बांग्लादेश के टीम साउथ अफ्रीका से भिड़े आली बिया। टीम इंडिया आपन पहिला मोकाबिला पाकिस्तान के संगे 6 मार्च के खेली।

न्यूजीलैंड महिला वर्ल्ड कप के मेजबानी क रहल बा। टूर्नामेंट 3 अप्रैल ले चली। एमें 8 देशन के टीम भाग ले रहल बिया। ई टीम भारत, न्यूजीलैंड, ऑस्ट्रेलिया, पाकिस्तान, इंग्लैंड, वेस्टइंडीज, बांग्लादेश अउर साउथ अफ्रीका ह। फाइनल सहित्ते 31 मैच खेलल जाई। भारत अपने अभियान के शुरुआत 6 मार्च के पाकिस्तान के खिलाफ करी। टीम इंडिया के वर्ल्ड कप में 7 मोकाबिला खेले के बा। भारत के सगरी मैच डे-नाइट होई, लेकिन न्यूजीलैंड में मैच होखले के कारन रउआ मोकाबिला भारत में बिहाने 6.30 बजे से देख पाइब।

- Sponsored Ads-

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
- Sponsored Ads-