[the_ad_group id="30365"]

मशरक: नमकीन छाने के दौरान गैस लिक भइला से युवती झूलसल, सदर अस्पताल छपरा रेफर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मशरक/धर्मेंद्र कुमार सिंह: सारण जिला के मशरक थाना क्षेत्र के अरना बारोपुर गांव में खाये खातिर फोफिया नमकीन छाने  गइल युवती गैस लिक होखला लागल आग से बुरा तरे झुलस गइल। पीड़ित युवती के इलाज खातिर सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र मशरक में भर्ती करावल गई जहां ड्यूटी पs तैनात चिकित्सक डॉ० चन्द्रशेखर सिंह प्राथमिक उपचार के बाद बेहतर इलाज खातिर लिए सदर अस्पताल छपरा रेफर कs देलें।

युवती के पहचान अरना बारोपुर गांव निवासी सुदर्शन राय के पुत्री विपाशा कुमारी के रूप में भइल। मवका पs परिजन लोग बतावल कि युवती खाये खातिर फोफिया नमकीन छाने खातिर गइल। जहां गैस जरवते आग लाग गइल। जेमे युवती बुरा तरे से झुलस गइल। एकरा बाद इलाज खातिर सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र मशरक में ले आवल गइल। जहां से चिकित्सक प्राथमिक उपचार कइला के बाद गंभीर स्थिति देखत बेहतर इलाज खातिर सदर अस्पताल छपरा रेफर कs देलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]