सबेरे-सबेरे: एह योगासन से कमर आ जॉइंट्स के पुरान दरद होई गायब, हड्डी आ मांशपेशी बनी मजबूत

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 5, 2024

  हड्डी आ जोड़ में दरद असहनीय बा। अब खाली अधबूढ़ लोग ना बलुक जवान लोग भी जोड़ के दरद के शिकार हो रहल बा। दरअसल आज के बिगड़त जीवनशैली, व्यायाम के कमी आ गलत

Share

 

हड्डी आ जोड़ में दरद असहनीय बा। अब खाली अधबूढ़ लोग ना बलुक जवान लोग भी जोड़ के दरद के शिकार हो रहल बा। दरअसल आज के बिगड़त जीवनशैली, व्यायाम के कमी आ गलत खानपान के आदत लोग के कई गो बेमारी के शिकार बना रहल बा। कम उमिर में जोड़ में दरद के समस्या भी एही में से एगो हs। हड्डी के दरद से राहत पावे खातीर लोग तुरंत दरद निवारक दवाई के सेवन करेले, जवन कि स्वास्थ्य खातीर निमन नईखे। अयीसना में कमर, कंधा अवुरी कमर दरद के समस्या से राहत पावे खातीर अपना जीवन में योग के शामिल करीं। योगासन दरद से राहत देवे के अलावे मन के भी शांत करेला। बता दी कि जोड़ के दरद खातिर कवन-कवन योग आसन फायदेमंद बा।

जोड़ के दरद खातिर इs योग आसन आजमाईं

•चक्रासन 

इs योग आसन हड्डी के दरद से राहत दे सकता। एह आसन के करे खातिर पीठ पs लेट के घुटना मोड़ लीं। दुनु हाथ के कंधा के पीछे उल्टा रख दीं। अब साँस ले के छाती के ऊपर के ओर उठाईं। धीरे-धीरे हाथ-गोड़ के नजदीक ले आईं ताकि आपके शरीर चक्र निहन हो जाए। एह आसन से रीढ़ के हड्डी लचीला हो जाला आ शरीर सक्रिय हो जाला।

•त्रिकोणासन

इs आसन कईला से ना खाली जोड़ के दरद कम होखेला बालुक मांसपेशी के मजबूती भी मिलेला। एकरा से कमर दरद से भी राहत मिलेला। एह आसन के करे खातिर गोड़ के बीच 3-4 फीट के दूरी बना के सीधा खड़ा होखे के चाहीं। दाहिना गोड़ के बाहर के ओर मोड़ के बायां हाथ के ऊपर उठा के दाहिना हाथ के जमीन से छूईं। दुनो हाथ के स्थिति सीधा होखे के चाही।

•डॉल्फिन प्लैंक

डॉल्फिन प्लैंक मुद्रा रीढ़ के हड्डी के मजबूत करेला। अयीसन कईला से जोड़ के दरद से राहत मिली। कोहनी के कंधा के नजदीक राख के हाथ जमीन पs राखी। एकरा बाद धीरे-धीरे आपन गोड़ वापस समानांतर ले जाईं। इs आसन रउआ 20 से 30 सेकंड ले कs सकेनी।

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.