[the_ad_group id="30365"]

Parliament Winter Session : संसद के शीतकालीन सत्र आज से, SIR मुद्दा पs भारी हंगामा के आसार; विपक्ष बनवलस खास योजना

Indian Parliament Winter Session 2025 begins, opposition prepares to raise SIR issue inside the House
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नई दिल्ली। देस के संसद के शीतकालीन सत्र आज से सुरू हो रहल बा जवन 19 दिसंबर तक चली। ई सत्र कइयन गो अहम विधेयक आ राजनीतिक टकराव के कारण गरम रहला के उम्मेद बा। सरकार जहां परमाणु ऊर्जा, उच्च शिक्षा ढांचा सुधार, कॉरपोरेट आ शेयर बाजार नियमन जइसन कुल 10 महत्त्वपूर्ण बिल पेश करे वाली बिया, ओहिजा विपक्ष SIR मुद्दा पs सरकार के घेरे के पूरा तइयारी में बा।

नव गो नया बिल होई पेश

शीतकालीन सत्र में परमाणु ऊर्जा विधेयक–2025 सहित 9 गो नया बिल पेश होखे वाला बा। सरकार वित्तीय क्षेत्र से जुड़ल कइयन गो बिल लोकसभा में पेश करे खातिर सूचीबद्ध कइले बिया। एमे बीमा कानून में बदलाव आ तंबाकू-पान मसाला जइसन हानिकारक सामान पs टैक्स बढ़ावे से जुड़ल विधेयक सामिल बा।

एह सत्रा में वित्त बरिस 2025–26 के पहिला अनुपूरक अनुदान मांग पेश होई।

बीमा क्षेत्र में FDI बढ़ावे वाला बिल

सरकार ‘बीमा कानून (संशोधन) विधेयक–2025’ पेश करे वाली बिया। एह बिल के मदद से बीमा क्षेत्र में बिदेसी निवेश (FDI) के सीमा 74% से बढ़ाके 100% करे के योजना बा। अब तक बीमा सेक्टर में 82,000 करोड़ रुपिया के एफडीआई आ चुकल बा।

तंबाकू-पान मसाला परs कड़ा टैक्स वाला बिल

वित्त मंत्री निर्मला सीतारमण लोकसभा में ‘केंद्रीय उत्पाद शुल्क (संशोधन) विधेयक–2025’ आ ‘स्वास्थ्य सुरक्षा से राष्ट्रीय सुरक्षा उपकर विधेयक–2025’ पेश करिहें। ई बिल तंबाकू, सिगरेट आ पान मसाला पs नया उत्पाद शुल्क लगाई, जवन अभी लागत जीएसटी क्षतिपूर्ति उपकर के जगह लेई।

तंबाकू आ पान मसाला पs फिलहाल 28% जीएसटी लागेला, संगही ऊपर से अलग-अलग मुआवजा उपकर वसूलल जाला।

प्रतिभूति बाजार संहिता विधेयक

एकीकृत बाजार व्यवस्था आ व्यापार में आसानी खातिर प्रतिभूति बाजार संहिता विधेयक–2025 पेश होखे वाला बा।

सर्वदलीय बैठक में रणनीति

सत्र सुरू होखे से एक दिन पहिले सरकार सर्वदलीय बैठक बोलवलस। एमे राजनाथ सिंह, जेपी नड्डा, किरेन रिजिजू सहित कइयन गो मंत्री मौजूद रहे लोग। ओने विपक्ष से कांग्रेस नेता प्रमोद तिवारी, तृणमूल नेता डेरेक ओ’ब्रायन, SP प्रमुख अखिलेश यादव आ आउर दल के नेता सामिल भइल लोग।

वोट चोरी बनल विपक्ष के बड़ा मुद्दा

कांग्रेस नेता प्रमोद तिवारी कहलें कि विपक्ष सत्र में “वोट चोरी” आ निर्वाचन आयोग-सरकार के ‘मिलीभगत’ के मुद्दा प्रमुखता से उठाई। ऊ कहलें -लोकतंत्र के हत्या हो रहल बा, ई खाली वोट चोरी ना, बलुक “वोट डकैती” बा आ ई मुद्दा संसद में गूंजी।

Read Also: Chhapra Encounter : बिहार के सारण में कुख्यात बदमाश के संगे मुठभेड़, पुलिस शिकारी राय के गोड़ में मरलस गोली

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]