[the_ad_group id="30365"]

Chhapra Encounter : बिहार के सारण में कुख्यात बदमाश के संगे मुठभेड़, पुलिस शिकारी राय के गोड़ में मरलस गोली

Chhapra encounter news, Bihar Saran district criminal shot in police operation, Shikari Rai injured in leg during encounter
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सारण। सारण जिला के मुफस्सिल थाना इलाका के विशुनपुर गांव में एसटीएफ आ सारण पुलिस के संयुक्त टीम आउर कुख्यात अपराधी में आमना-सामना हो गइल। झड़प में पुलिस के जवाबी कार्रवाई के दौरान अख्तियारपुर, गड़खा निवासी कुख्यात बदमाश नंदकिशोर राय उर्फ शिकारी राय के पैर में गोली लागल, जवना के बाद पुलिस ओकरा के दबोच लेलस। शिकारी राय पs हत्या, लूट, रंगदारी आ आर्म्स एक्ट सहित कइयन गो गंभीर ममिला दर्ज बा।

गड़खा से गिरफ्तारी, हथियार बरामदगी खातिर लाया गइल विशुनपुर

पुलिस सूत्रन के मोताबिक, गड़खा थाना क्षेत्र के अख्तियारपुर गांव के रहे वाला शिकारी राय लमहर समय से अपराध के दुनिया में सक्रिय रहे। ओकरा पs निर्भीक तरीका से वारदात करे आ गिरोह चलावे के आरोप हमेसा लागल बा।

एसटीएफ के इनपुट पs पुलिस टीम ओकरा के गड़खा से गिरफ्तार कइलस। पूछताछ में जब ओकरा से हथियार छिपावे के जानकारी मिलल, तs पुलिस टीम ओकरा के मुफस्सिल थाना क्षेत्र के विशुनपुर गांव इस्थित एगो बगइचा में ले गइल।

हथियार निकालतही पुलिस पs कइलस फायरिंग

जब पुलिस ओकरा से हथियार निकाले खातिर कहलस, तs शिकारी राय अचानक झाड़ी में छिपावल पिस्तौल निकाल के बिना चेतावनी पुलिस टीम पs गोली चलावे लागल। गोली चलतही माहौल अफरा-तफरी वाला हो गइल। बाकिर पुलिस टीम धैर्य आ रणनीति के संगे जवाबी कार्रवाई कइलस। एही दौरान पुलिस के गोली शिकारी राय के गोड़ में लागल आ ऊ जमीन पs गिर पड़ल।

जवाबी कार्रवाई में पकड़ाइल, अस्पताल भेजल गइल

घायल शिकारी राय के पुलिस कब्जा में ले लिहलस आ इलाज खातिर सदर अस्पताल भेजलस। पुलिस अधिकारी बतावल लोग कि ओकर हालत खतरा से बाहर बा। एएसपी राम पुकार सिंह कहलें कि अपराधी हथियार बरामदगी के नाम पs पुलिस के मारे के कोसिस कइलस, जवन साफ बता रहल बा कि ऊ कवनो हद तक जा सकेला। टीम के समझदारी से बड़हादसा टालल गइल।

हत्या, लूट, रंगदारी सहित दर्ज बा कइयन गो ममिला

पुलिस रिकॉर्ड के मोताबिक, शिकारी राय पs हत्या, हत्या के प्रयास, लूट, रंगदारी आ आर्म्स एक्ट के कइयन गो गंभीर ममिला दर्ज बा। ऊ लमहर समय से पुलिस के गिरफ्त से बचत फिरत रहे।

आजाद सिंह हत्या में सामिल रहे शिकारी राय

पुलिस के अनुसार, शिकारी राय पुलिस लाइन के सोझा भइल चर्चित आजाद सिंह हत्याकांड में सामिल रहे। घटना 30 दिसंबर के हs जब दिन-दहाड़े गैंगवार में आजाद सिंह के दउड़ाके गोली मार दिहल गइल।

आजाद सिंह दरियापुर थाना क्षेत्र के बिसही गांव के रहे वाला रहे आ कटिहार जूट मिल में गार्ड के काम करत रहे। पुलिस के मोताबिक, ऊ कइयन जिलन में वारदात के अंजाम देके तुरंत गायब हो जात रहे। काल्हो ऊ छपरा में एगो अपराध करे पहुंचल रहे, बाकिर विरोधी गिरोह ओकरा के पहिलही टारगेट कs के मार देलस।

एएसआई सुमन कुमार घायल

मुठभेड़ के दौरान एएसआई सुमन कुमार के घायल होखे के पुष्टि भइल बा।

Read Also: 01 दिसंबर 2025 के राशिफल

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]