Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

IND vs WI: डेब्यू टेस्ट में यशस्वी के रिकॉर्डतोड़ शतक, रोहित शर्मा के 10वां सैकड़ा; भारत वेस्टइंडीज पs कसलस शिकंजा

WI vs IND Test: यशस्वी आ रोहित पहिला विकेट के खातिर 229 रन के साझेदारी कइल लो। भारत के टेस्ट  इतिहास में ई पहिला बेर भइल कि टीम इंडिया बिना विकेट गंववले पहिला पारी में विपक्षी टीम के खिलाफ बढ़त हासिल कइले रहे। वेस्टइंडीज पहिला पारी में 150 रन बनवले रहे।

1,380

कप्तान रोहित शर्मा आ जुवा बल्लेबाज यशस्वी जायसवाल के शतक के बदौलत भारत डोमिनिका टेस्ट में आपन पकड़ मजबूत कs लेले बा। ऊ मैच के दूसरका दिन बियफे (13 जुलाई) के खेल समाप्त होखे के समय पहिला पारी में दु विकेट पs 312 रन बना लेले बा। टीम इंडिया के लगे 162 रन के बढ़त हो गइल  बा। यशस्वी जायसवाल 143 आ पूर्व कप्तान विराट कोहली 36 रन बनाके नाबाद बा लो। अब तीसरका दिन यशस्वी अपना एह पारी के दोहरा शतक में बदले खातिर उतरिहें। ओहिजा, कोहली एगो बड़ पारी खेले के चहिहें।

मैच के दूसरका दिन बियफे (13 जुलाई) के टीम इंडिया पहिला पारी में अपना पहिला दिन के स्कोर बिना कवनो नुकसान के 80 रन से आगे खेले उतरल। यशस्वी शतक लगाके कइयन गो रिकॉर्ड के अपना नामे कs लेलें। ओहिजा, रोहित शर्मा पिछला कुछ पारियन के निराशा के पीछे छोड़लें आ ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ नागपुर टेस्ट में लगावल गइल शतक के बाद एगो बड़ पारी खेललें। दुनो खिलाड़ी पहिला विकेट खातिर 229 रन के साझेदारी कइल लो। ई भारत के टेस्ट में इतिहास में पहिला बेर भइल कि टीम इंडिया बिना विकेट गंववलें पहिला पारी में विपक्षी टीम के खिलाफ बढ़त हासिल कइलस। वेस्टइंडीज पहिला पारी में 150 रन बनवले रहे।

यशस्वी जायसवाल – फोटो : सोशल मीडिया

रोहित लगवलें 10वां शतक

रोहित शर्मा अपना करियर के 10वां शतक लगवलें। ऊ शतक लगवला के बाद पवेलियन लवट गइलें। रोहित 221 गेना पs 103 रन बनवलें। एह दौरान 10 चौका आ दु छक्का लगवलें।।एलिक एथनेज रोहित के आउट कइलें। उनका बाद बल्लेबाजी खातिर क्रीज पs उतरल शुभमन गिल कुछ खास ना कs सकलें आ छव रन बनाके वॉरिकन के शिकार बन गइलें। गिल यशस्वी के आपन जगह देलें आ खुद तीसरका नंबर पs उतरलें। उनकर ई फैसला फिलहाल पहिला पारी में तs गलत साबित भइल बा।

यशस्वी कोहली के संगे कइलें अर्धशतकीय साझेदारी

रोहित शर्मा आ शुभमन गिल के आउट होखला के बाद यशस्वी के पूर्व कप्तान विराट कोहली के साथ मिलल। दुनो तीसरका विकेट खातिर 205 गेना पs 72 रन के साझेदारी कइले बा लो। यशस्वी नाबाद 143 रन के पारी में 350 गेना के सामना कइले रहे बाड़ें। ओहिजा, कोहली 96 गेना पs नाबाद 36 रन बना के  नाबाद बा। यशस्वी के बल्ला से 14 चौका निकलल बा। कोहली एगो चौका लगवले बा।

यशस्वी जायसवाल आ रोहित शर्मा – फोटो : सोशल मीडिया

यशस्वी लगवलें रिकॉर्ड्स के झड़ी

यशस्वी डेब्यू टेस्ट में शतक लगावे वाला भारत के 17वां बल्लेबाज बा। उनका से पहिले पिछला बेर डेब्यू टेस्ट में श्रेयस अय्यर भारत खातिर शतक लगवलें रहे। ऊ 2021 में न्यूजीलैंड के खिलाफ कानपुर में 105 रन बनवलें रहलें। भारत खातिर डेब्यू टेस्ट में शतक लगावे वाला पहिला भारतीय खिलाड़ी लाला अमरनाथ रहस। ऊ इंग्लैंड के खिलाफ 1933 में 118 रन बनवलें रहस।

यशस्वी जायसवाल रचलें इतिहास

यशस्वी के बात करीं तs ऊ डेब्यू टेस्ट में शतक लगावे वाला भारत के तीसरका ओपनर हवे। शिखर धवन 2013 में ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ मोहाली आ पृथ्वी शॉ 2018 में वेस्टइंडीज के खिलाफ राजकोट में अइसन कइले रहे लो। यशस्वी बिदेसी जमीन पs डेब्यू करत पहिलके टेस्ट में शतक लगाके इतिहास रच देलस। ऊ अइसन करे वाला पहिला भारतीय ओपनर हवे। एतने ना ऊ वेस्टइंडीज के खिलाफ डेब्यू करत शतक जड़े वाला तीसरका खिलाड़ी बाड़ें। रोहित शर्मा 2013 में कोलकाता में 177 रन बनवलें रहस। ओहिजा, पृथ्वी शॉ राजकोट में 2013 में 134 रन बनवलें रहस।

597390cookie-checkIND vs WI: डेब्यू टेस्ट में यशस्वी के रिकॉर्डतोड़ शतक, रोहित शर्मा के 10वां सैकड़ा; भारत वेस्टइंडीज पs कसलस शिकंजा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.