लालू-प्रभुनाथ के दोस्ती में काहें आइल दरार ? RJD प्रमुख कबो ‘ब्रह्म बाबा के लासा’ के जिक्र कर के बढ़वले रहले हाथ

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 24, 2024

Bihar politics: बिहार के महाराजगंज सीट ए घरी काफी चर्चा में बा। ई सीट ए बेरी कांग्रेस के खाता में चल गइल बा। एकरा के लेके लालू यादव आ प्रभुनाथ सिंह के दोस्तीयो टूट गइल

Share

Bihar politics: बिहार के महाराजगंज सीट ए घरी काफी चर्चा में बा। ई सीट ए बेरी कांग्रेस के खाता में चल गइल बा। एकरा के लेके लालू यादव आ प्रभुनाथ सिंह के दोस्तीयो टूट गइल बा। एगो दौर रहे जब लालू आ प्रभुनाथ एक दूसरा के साथे हाथ मिलावे के बाद कहले रहे लो कि ई दोस्ती अटूट बा। वो दौरान लालू ब्रह्म बाबा के लासा के जिक्र कइले रहले।

संसदीय चुनावी समर में महाराजगंज संसदीय सीट चर्चा में बा। चर्चा के केंद्र में बाड़े इहाँ के चार बार सांसद रहल नेता प्रभुनाथ सिंह (Prabhunath Singh)। ई संसदीय सीट कांग्रेस के पाले में गइला के बाद लालू प्रसाद (Lalu Yadav) आ प्रभुनाथ सिंह के दोस्ती में दरार आ गइल बा। ए घरी दुनु नेता लो के दोस्ती 2010 के विधानसभा चुनाव के ठीक पहिले भइल रहें।

इहाँ के लोगन के याद बा उऽ दिन जब छपरा के राजेंद्र स्टेडियम में मिलन समारोह आयोजित भइल रहे। प्रभुनाथ सिंह अपना संबोधन में कहले रहले कि आज उऽ अपना पूरा कुनबा के साथे जदयू से नाता तूड़ लालू प्रसाद से दोस्ती के गांठ बांध रहल बाड़े।

साथही सवालिया लहजे में इहो कहले रहले कि पता ना ई दोस्ती कतना मजबूत होई, काहेकि लालू प्रसाद रेड़ी के तेल लगा के  केहू से हाथ मिलावेले। मंच पऽ मौजूद लालू प्रसाद तपाक से माइक हाथ में ले लेले आ कहले ई दोस्ती ब्रह्म बाबा के लासा हाथ में लगा के हो रहल बा।

फेर दुनु नेता लो कहल कि ई दोस्ती अटूट आ कबो ना टूटी। बाकिर, विडंबना देखीं कि डेढ़ दशक में ब्रह्म बाबा के लासा वाला ई दोस्ती दरक गइल।

दुनु नेता के चुनाव लड़ला पऽ वंदिश आ लइका सियासत में

दुनु दिग्गज नेता लो के जब दोस्ती के गांठ बन्हल तऽ लालू प्रसाद सारण के सांसद रहले आ प्रभुनाथ सिंह 2009 के चुनाव महाराजगंज में हारल रहले। बात इहो बा कि 2013 के उपचुनाव जीत के उऽ लोकसभा पहुंच गइल रहले। एगो वक्त अइसनो आइल कि ई दुनु नेता लो के चुनाव लड़ला पऽ वंदिश लाग गइल। आज ईंका लो लइका सियासत में सक्रिय बा।

लालू प्रसाद के बेटी रोहिणी आचार्य सारण सीट पऽ राजद के प्रत्याशी बाड़ी आ महाराजगंज सीट कांग्रेस के खाता में गइला से प्रभुनाथ सिंह के पुत्र रणधीर कुमार सिंह राजद के सिंबल पावे से वंचित हो गइल बाड़े।

प्रदेश अध्यक्ष के पुत्र कांग्रेस प्रत्याशी तऽ रणधीर निर्दलीय

कांग्रेस के प्रदेश अध्यक्ष अखिलेश प्रसाद सिंह के बेटा आकाश प्रसाद सिंह प्रत्याशी घोषित हो गइल बाड़े। एने इहाँ के चार बार सांसद रहल प्रभुनाथ सिंह के बेटा रणधीर कुमार सिंह राजद से नाता तूड़ लेले बाड़न।

एमें उनका पिता आ राजद विधायक चाचा केदारनाथ सिंह के सहमतियो बतावल जा रहल बा। पिछला संसदीय चुनाव में रणधीर सिंह राजद के प्रत्याशी रहले आ ए बेर उनकर निर्दलीय ताल ठोकल लगभग तय मानल जा रहल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.