Delhi New CM: के होई दिल्ली के मुख्यमंत्री, नाम पs सोमार के लागी मुहर; आज नियुक्त हो सकत बा पर्यवेक्षक

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 16, 2025

दिल्ली के सोमार तक नया मुख्यमंत्री मिल सकत बा। दिल्ली में मुख्यमंत्री के चयन खातिर भाजपा अतवार के दुगो पर्यवेक्षक के नियुक्ति कs सकत बिया। केंद्रीय मंत्री, सांसद भा भाजपा के वरिष्ठ नेता पर्यवेक्षक हो

Share

Delhi New CM: के होई दिल्ली के मुख्यमंत्री, नाम पs सोमार के लागी मुहर; आज नियुक्त हो सकत बा पर्यवेक्षक

दिल्ली के सोमार तक नया मुख्यमंत्री मिल सकत बा। दिल्ली में मुख्यमंत्री के चयन खातिर भाजपा अतवार के दुगो पर्यवेक्षक के नियुक्ति कs सकत बिया। केंद्रीय मंत्री, सांसद भा भाजपा के वरिष्ठ नेता पर्यवेक्षक हो सकत बा लो।

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी अमेरिका से दिल्ली वापस आ गइल बा। भाजपा नेता के मानी तs अब केंद्रीय नेता लोगन के बैठक होई। एमे पर्यवेक्षक के नियुक्ति होई। ई पर्यवेक्षक दिल्ली के 48 विधायकन के संगे चरचा करी लो। दिल्ली के जमीनी स्तर पs मुद्दन के लेके बात करी लो। ओकरे आधार पs विधायक दल के नेता के नाम पs सहमति लाग सकत बा। सूत्रन के कहनाम बा कि दिल्ली में एगो मुख्यमंत्री सहित छव मंत्री होई लो।

केहुओ के उपमुख्यमंत्री के जिम्मेदारी ना दिहल जाई। मुख्यमंत्री के चयन से पहिले विवादन पs विशेष ध्यान दिहल जाई। संगही, देखल जाई कि ऊ कवन नेता हाेइहें जे उपराज्यपाल के संगे समन्वय कs के दिल्ली के विकास के तेजी से करवा सकत बा।
मवजूदा समय में चरचा के विषय बनल सब नामन के मुख्यमंत्री के दउड़ से बाहर कs दिहल गइल बा। सूत्रन के कहनाम बा कि मुख्यमंत्री दिल्ली के 48 विधायकन में से केहु चुनल जाई। मुख्यमंत्री के चयन से पहिले दिल्ली के परिस्थिति के अध्ययनो होई।

मंत्री पद में हर वर्ग के मवका

दिल्ली में मंत्री बनावे से पहिले हर वर्ग के मवका दिहल जाई। एमे महिला, अनुसूचित जाति, अल्पसंख्यक वर्ग सहित आउर के उचित मवका दिहल जाई।

Read Also: JEE Main Paper 2 Answer Key 2025: आज आखिरी मवका, नजरअंदाज मत करीं जेईई मेन पेपर 2 आंसर के अपडेट

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.