एह लोग के भूलइलो नाहीं खाए के चाही मूरई, नाहीं तs पड़ सकेला भारी

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 6, 2024

हमनी के सब केहू के जाड़ा के मौसम में आवे वाला ताजा मूरई खाइल पसंद बा। सबसे बढ़िया बात ई बा कि मूरई से कई तरह के रेसिपी बनावल जा सकेला।  बाकिर कुछ लोग एकरा

Share

मुरई

हमनी के सब केहू के जाड़ा के मौसम में आवे वाला ताजा मूरई खाइल पसंद बा। सबसे बढ़िया बात ई बा कि मूरई से कई तरह के रेसिपी बनावल जा सकेला।  बाकिर कुछ लोग एकरा के तेज गंध के चलते एकरा के खाइल पसंद ना करेले।  अगर हमनी के एकरा में मौजूद गुण के बात कईल जाए तs विटामिन, खनिज, एंटीऑक्सीडेंट, फाइटोन्यूट्रिएंट्स जईसन पोषक तत्व मिलेला, जवन कि शरीर के बहुत समस्या से बचावे में मददगार होखेला। मूरई के सेवन से त्वचा के देखभाल में मदद मिल सकता। बाकिर मूरई के सेवन कुछ लोग खातीर नुकसानदेह हो सकता। एकर जादा सेवन से स्वास्थ्य में बहुत समस्या हो सकता।  

मूरई खइले के नुकसान
1. ब्लड शुगर
अगर रउआ ब्लड शुगर के मरीज बानी तs मूरई के सेवन से बचे के चाही। काहे कि मूरई के जादा सेवन से हाइपोग्लाइसीमिया के समस्या हो सकता।

2.आयरन
मूरई के जादा सेवन से शरीर में आयरन के मात्रा बढ़ सकता अवुरी शरीर में आयरन के जादा सेवन से पेट में दर्द, दस्त, उल्टी चाहे चक्कर आवे जईसन बहुत स्वास्थ्य समस्या हो सकता। 

3.डिहाइड्रेशन
ठंडा मौसम में मूरई के जादा सेवन से पानी के कमी हो सकता। मूरई खईला से बार-बार पेशाब होखेला, जवना के चलते शरीर से पानी निकल जाला अवुरी शरीर में पानी के कमी हो सकता।

4.थायरॉइड
अगर रउआ थाइरॉइड के मरीज बानी तs गलती से भी मूली के सेवन मत करीं। मूरई में थियोग्लूकोसाइड्स नाम के तत्व पावल जाला, जवन थाइरॉइड ग्रंथि के कामकाज के प्रभावित कs सकता।


इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: सरदी-खांसी से बानी परेशान, तs एs चार योगासन से मिली आराम

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.