सर्दी-खांसी में कौन फल खाइल बा फायदेमंद अउर कौन बढ़ा सकsता परेशानी, जानीं सेहत के बात

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 4, 2022

सर्दी के मौसम आ गइल बा। एह मौसम में कई तरह के बीमारियां होखले के संभावना बढ़ जाला। ज्यादातर लग के सर्दी में खांसी जुकाम के शिकायत हो जाला। खांसी होखले पर खइले-पियले के ले

Share

सर्दी के मौसम आ गइल बा। एह मौसम में कई तरह के बीमारियां होखले के संभावना बढ़ जाला। ज्यादातर लग के सर्दी में खांसी जुकाम के शिकायत हो जाला। खांसी होखले पर खइले-पियले के ले के परहेज भी शुरू हो जाला। ठंडा पानी नाइ पीये के चाहीं, अइसन चीज के सेवन नाइ करे के चाहीं, जौन खांसी के शिकायत के अधिक बढ़ा दें। खांसी के दौरान फल के सेवन के ले के भी कई तरह के भ्रम बा। लोग सलाह देला कि खांसी जुकाम होखले पर खटहा फल चाहे रसीले फल के सेवन नाइ करे के चाहीं। एहसे खांसी के समस्या बढ़ जाला।

खांसी में फलों का सेवन

खांसी में कौने फल के कइल जाव सेवन

आहार और पोषण विशेषज्ञ के मुताबिक, खांसी के समस्या में सिट्रिक फल के सेवन करे के चाहीं। सिट्रिक फल रोग प्रतिरोधक क्षमता बढ़ाबे के काम करsला। इनके सेवन से खांसी के समस्या कम हो जाला। ई रहल खांसी में फायदेमंद फल।

सेब

सेब

विशेषज्ञ बतावेने कि खांसी अइले पर सेब के सेवन भी कर सकतनी। सेब खाने से खांसी कम हो सकsता। सेब में पावल जाए वाले औषधीय गुण वायरल इंफेक्शन के दूर करsला।

किवी

किवी

खांसी के शिकायत में किवी के सेवन असरदार ह। किवी में विटामिन सी अउर ई भरपूर मात्रा में होला, जेकर सेवन एलर्जी अउर इंफेक्शन के कम करsला अउर इम्यूनिटी पावर के बूस्ट करsला।

खांसी में न करें इन फलों का सेवन

खांसी में न करीं एह फल के सेवन

अइसन कौनो भी फल नइखे, जेकर खांसी के दौरान सेवन से नुकसान हो सकsता। हालांकि कौनो फल से एलर्जी होला, त ओकर सेवन न करीं। ध्यान देवे लायक बात ई बा कि खांसी अइले पर रात चाहे शाम के वक्त खट्टा फल का सेवन कम करे के चाहीं। एकरे अलावा अगर फल फ्रिज में रखल होखे, त उनके सेवन से बचे के चाहीं।

—————————-

नोट:  ई लेख मेडिकल रिपोर्ट्स अउर स्वास्थ्य विशेषज्ञन के सुझाव के आधार पर तैयार कइल गइल।

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.