[the_ad_group id="30365"]

जहां गऊ मां के खून…’ वायनाड आपदा पs भाजपा नेता ई का कह देले..CPI देलख जवाबी हमला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

वायनाड भूस्खलन : भाजपा के विधायक रहल ज्ञान देव आहूजा एक बेर फेरु अइसन बयान दिहले बाड़न जवना से विवाद मच गइल बा। शनिचर के दिने ऊ वायनाड के भूस्खलन के केरल में गाय वध से जोड़ दिहलन। ऊ चेतवले कि, जदी गाय के वध ना रोकल गइल तs केरल में अइसन त्रासदी होखत रही।

भाजपा के विधायक रहल ज्ञान देव आहूजा शनिचर के दिने विवाद के मैदान में उतरलन जब ऊ वायनाड में भइल भूस्खलन के केरल में गाय वध के प्रथा से जोड़ दिहलन। राजस्थान के विधायक रहल बतवले कि जवना इलाका में गाय वध के प्रचलन बा ओहिजा अइसन आपदा जारी रही।

भाजपा के वरिष्ठ नेता दावा कइले कि, 2018 से हमनी के एगो अइसन पैटर्न देखाई देता, जवना में गाय वध से जुड़ल इलाका में अइसन दुखद घटना होखता। ऊ आगे चेतवले कि, “गाय वध ना रोकल गइल तs केरल में भी अयीसने त्रासदी होखत रही।”

भाकपा महासचिव के जवाबी हमला

ऊ कहले कि उत्तराखंड आ हिमाचल प्रदेश जईसन राज्य में भी बादल फटला आ भूस्खलन जइसन प्राकृतिक आपदा होखत रहेला, बाकी तबाही के स्तर वायनाड नियन गंभीर नइखे। भाजपा नेता ज्ञानदेव आहूजा के ए टिप्पणी के जवाब देत भारतीय कम्युनिस्ट पार्टी के महासचिव डी राजा कहले कि भाजपा पूरा त्रासदी के ‘साम्प्रदायिक’ बनावे के कोशिश करतिया।

डी राजा आगे कहले कि एगो त्रासदी भइल बा आ लोग परेशानी होखता। हमनी के आ अउरी कई गो पार्टी लोग के मदद करे में लागल बानी जा – आर्थिक रूप से, राहत के सामान आ आश्रय के साथ। लोग के खाना, आवास आ दवाई के जरूरत बा। ऊ कहले कि, भाजपा पूरा स्थिति के सांप्रदायिक बनावे के कोशिश करतिया।”

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]