[the_ad_group id="30365"]

christmas Day: एह बेहद खूबसूरत जगह पs बा सैंटा क्लॉज के घर, अबो क्रिसमस पs भेजल जाला चिट्ठी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

क्रिसमस हर साल 25 दिसंबर के मनावल जाला। ई दिन लइकन खातिर बहुत खास होला काहे कि एह दिन लइका सैंटा क्लॉज के इंतजार करेलें। बाकिर का रउरा मालूम बा कि क्रिसमस मनावे के शुरुआत कहाँ से भइल? कहल जाला कि 4वीं सदी में पहिला बेर क्रिसमस मनावल गइल। रिपोर्ट के मुताबिक क्रिसमस के शुरुआत रोम यानी इटली से भईल रहे। आईं एह परब के इतिहास के बारे में जानकारी ले लीं।

25 दिसंबर के इतिहास
क्रिसमस के पहिली बेर ईसाई रोमन सम्राट कॉन्सटेंटाइन के शासनकाल में मनावल गइल। रउरा जानकारी खातिर हमनी के बता दीं कि पोप जूलियस 25 दिसंबर के ईसा मसीह के जन्मदिन के आधिकारिक तौर पs मनावे के फैसला कइले बाड़न. एकरा अलावा अगर हमनी के सैंटा क्लॉज के बात करीं जा तs सैंटा क्लॉज के कैरेक्टर संत निकोलस नाम के एक बिशप से निकलल बा।

संत निकोलस कइसन रहले?
संत निकोलस अपना दयालुता आ उदारता खातिर जानल जात रहले. संत निकोलस गरीबन के उपहार देत रहले, मानल जाला कि एही से उपहार देवे के परंपरा शुरू भईल। रउरा जानकारी खातिर बता दीं कि सैंटा क्लॉज के घर फिनलैंड में बा. फिनलैंड सैंटा क्लॉज के होम टाउन हवे। मानल जाला कि सैंटा क्लॉज फिनलैंड के रोवानीमी शहर में रहेलें। 

इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ प्यार तs भइल बाकिर ताउम्र रहली अकेले…एह सुपरस्टार हीरोइन के जानीं कहानी

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]