WhatsApp में आइल काम के फीचर, अब तारीख से सर्च कs सकेनी सालन पुरान मैसेज

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 2, 2024

अगर आपके लगे स्मार्टफोन बा तs ओकरा में व्हाट्सएप एप्लीकेशन जरूर होई। व्हाट्सएप आज सबसे बड़ मैसेजिंग प्लेटफार्म बन गईल बा। दुनिया भर में 200 करोड़ से अधिका लोग एकर इस्तेमाल करेला। व्हाट्सएप से खाली

Share

अगर आपके लगे स्मार्टफोन बा तs ओकरा में व्हाट्सएप एप्लीकेशन जरूर होई। व्हाट्सएप आज सबसे बड़ मैसेजिंग प्लेटफार्म बन गईल बा। दुनिया भर में 200 करोड़ से अधिका लोग एकर इस्तेमाल करेला। व्हाट्सएप से खाली चैटिंग ना होला बलुक वॉयस कॉलिंग, वीडियो कॉलिंग, ग्रुप चैटिंग जइसन कई गो महत्वपूर्ण सेवा भी दिहल जाला। एकरा आसान इंटरफेस के चलते अधिकांश लोग एकर इस्तेमाल करेले।

बता दीं कि व्हाट्सएप अपना लाखों यूजर के सुविधा खातिर समय-समय पs नया नया फीचर आ अपडेट लेके आवत रहेला। अब व्हाट्सएप अपना प्लेटफार्म में यूजर के बहुत जरूरी फीचर देले बा। अबे ले व्हाट्सएप पs पुरान मैसेज खोजल घास के ढेर में सुई खोजला निहन रहे, लेकिन अब कंपनी ए काम के बहुत आसान बना देले बिया।

कंपनी नया फीचर पेश कइलस

व्हाट्सएप अपना एंड्रॉयड अवुरी आईओएस यूजर के पुरान मैसेज के खोजे खातीर ‘सर्च बाई डेट’ फीचर देले बा। एह फीचर के मदद से आप तुरंत सालों पुरान मैसेज के भी खोज सकतानी। हालांकि एs फीचर के एगो समस्या इ बा कि जब आप मैसेज भेजले रहनी, उ तारीख याद राखे के होई। अगर रउरा ओह संदेश के आसपास के तारीख याद बा तs रउरा ओह संदेश के आसानी से खोज सकेनी।

बता दीं कि व्हाट्सएप पछिला साल नवंबर में एs फीचर के टेस्टिंग शुरू कईले रहे। व्हाट्सएप के इs फीचर पहिला बेर बीटा वर्जन 2.2348.50 पs देखल गईल रहे। अगर रउरा एह फीचर के मदद से कवनो संदेश खोजल चाहत बानी तs ओह आदमी के चैट बॉक्स में जा के ओकरा बाद सर्च बार पs क्लिक करे के पड़ी। खोज आइकन में ही कैलेंडर के विकल्प मिल जाई। कैलेंडर में तारीख चुन के रउआ आसानी से संदेश के खोज कs सकीले।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.