Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

WhatsApp Channel में अब आइ यूट्यूब वाला Review सिस्टम, जानी कब होइ एकर यूज

हाल ही में व्हाट्सएप इंस्टेंट मैसेजिंग ऐप में व्हाट्सएप चैनल के फीचर जोड़ले बा। कंपनी लगातार एह चैनल के अपग्रेड करत बिया। अब मेटा एह चैनल फीचर खातिर एगो नया फीचर ले आवे वाला बा। कंपनी जल्दिए व्हाट्सएप चैनल बनावे वालन के चैनल रिव्यू फीचर देबे वाली बिया। जब चैनल सस्पेंड हो जाई तs ई बहुते काम आवे वाला बा। 

1,282

 

मेटा के लोकप्रिय ऐप व्हाट्सएप के पूरा दुनिया में बहुत पसंद आवेला। इ ऐप इंस्टेंट मैसेजिंग अवुरी वीडियो कॉलिंग खातीर लोग के पहिला पसंद बा। करोड़ों लोग एकर इस्तेमाल करेले, जवना के चलते कंपनी समय-समय पs ए प्लेटफॉर्म पs नाया फीचर जोड़ के लोग के अनुभव में सुधार करेले। कुछ महीना पहिले ही व्हाट्सएप में चैनल फीचर जोड़ल गईल रहे।अबे इs एगो नाया फीचर बा एहसे एकरा के लगातार अपग्रेड कईल जाता।

अब मेटा के ओर से व्हाट्सएप चैनल खातीर एगो नाया फीचर जारी भईल बा। कंपनी एगो अइसन फीचर पs काम करत बिया जवन चैनल बनावे वालन खातिर बहुते उपयोगी हो सकेला।असल में अब कंपनी यूजर के चैनल सस्पेंड होखला पs रिव्यू रिक्वेस्ट के विकल्प देवे वाली बिया। चैनल के एह आवे वाला फीचर के बारे में जानकारी व्हाट्सएप मॉनिटरिंग वेबसाइट वाबेटाइंफो देले बिया।

रिव्यू सिस्टम से मदद मिली

बता दीं कि व्हाट्सएप चैनल के बेहतर बनावे खातिर तेजी से काम कs रहल बा। एकरा में कंपनी यूजर के नाया फीचर दे रहल बिया। ताज़ा रिपोर्ट में सोझा आईल बा कि जदी कवनो कारण से व्हाट्सएप चैनल बंद हो गईल चाहे निलंबित हो गईल त चैनल मालिक के लगे रिव्यू सस्पेंड होई। बता दीं कि ई फीचर ओही तरह से काम करी जइसे यूट्यूब चैनल बनावे वालन खातिर रिव्यू फीचर काम करेला जब ओह लोग के चैनल बंद हो जाई।

रिपोर्ट में बतावल गइल बा कि रिव्यू रिक्वेस्ट में चैनल मालिक के चार तरह के विकल्प मिल जाई। ओह चार गो विकल्प में से कवनो एक विकल्प चुन के उनुका बतावे के पड़ी कि ऊ सस्पेंड चैनल के समीक्षा काहे कइल चाहत बाड़न। फिलहाल इs फीचर विकास के चरण में बा। कंपनी एकरा के जल्दिए यूजर्स खातिर रोल आउट कs सकेले।

चैनल मालिक के ई ऑप्शन मिली

हमनी के बतावत बानी जा कि अगर रउरा आपन सस्पेंड चैनल के समीक्षा करावल जाव तs रउरा कवन विकल्प मिली।

•Some updates were misunderstood

•This channel follows all Channel Guidelines

•Updates like these should be allowed

•This channel shouldn’t be closed

 

 

 

 

684310cookie-checkWhatsApp Channel में अब आइ यूट्यूब वाला Review सिस्टम, जानी कब होइ एकर यूज

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.