[the_ad_group id="30365"]

सबेरे-सबेरे: आजमाई दादी-नानी के कुछ घरेलू नुस्खा, सफेद बाल हो जाई करिया

sabere-sabere
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सफेद बाल के अक्सर लोग के आत्मविश्वास पs नकारात्मक असर पड़ेला। अधिकांश लोग सफेद बाल के करिया करे खातीर केमिकल आधारित महंगा हेयर प्रोडक्ट्स पs पईसा खर्च करेले। बाकिर आप अपना दादी के समय से इस्तेमाल होखे वाला प्राकृतिक चीज़ के मदद से सफेद बाल से भी छुटकारा पा सकतानी। एहमें से कवनो तरीका के आजमाईं आ कुछ हफ्ता में अपने आप सकारात्मक परिणाम देखाई दिही.

घरेलू नुस्खा: आंवला के तेल होई कारगर

अपना बाल के देखभाल के दिनचर्या में आंवला के तेल के शामिल करीं। सफेद बाल के करिया करे में आंवला के तेल बहुत फायदेमंद साबित हो सकता। एकरा अलावे जदी आप चाहतानी तs आप आंवला अवुरी रीठा शैम्पू के भी इस्तेमाल कs सकतानी। दुनो प्राकृतिक चीज़ के मिश्रण आपके बाल खातीर वरदान साबित हो सकता।

रोगन बादाम तेल होई कारगर

सफेद बाल के करिया करे खातिर रोगन बादाम के तेल के भी इस्तेमाल कs सकतानी। एगो कटोरी में दही आ भुनाइल बादाम डाल दीं। अब ओही कटोरी में एलोवेरा जेल आ शहद डाल दीं। एह सब चीजन के बढ़िया से मिला के पेस्ट बना लीं। इs पेस्ट अपना माथा पs लगाई अवुरी ओकरा कुछ समय बाद बाल धो लीं। इs प्राकृतिक हेयर पैक आपके बाल के स्वास्थ्य खातीर बहुत फायदेमंद साबित हो सकता। 

घी आ आंवला भी होई कारगर

बाल के करिया करे खातीर आपके आहार योजना में कुछ पोषक तत्व से भरपूर चीज़ के शामिल करे के चाही, ताकि आपके बाल के पोषण मिल सके। आप घी के अपना रोज के आहार योजना के हिस्सा बना सकतानी। अगर रउरा चाहत बानी तs नियमित रूप से आंवला के सेवन भी कs सकेनी। आंवला में पावल जाए वाला तत्व आपके बाल के स्वास्थ्य में बहुत हद ले सुधार कs सकता।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]