[the_ad_group id="30365"]

बल्लभ पन्त पार्क में योग कs के आनंदित भइल लो वेस्टसाइड कर्मचारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर: गोरखपुर में निरंतर निःशुल्क चल रहल ओम फिटनेस योग क्लास बल्लभ पन्त पार्क में वेस्टसाइड कम्पनी गोरखपुर के सब कर्मचारी दु दिवसीय योग शिविर जॉइन कs के अलग-अलग योग, प्राणायाम, एक्यूप्रेशर ऐरोबिकस योग कs के आनन्दित भइल लो।

दु दिवसीय योग शिविर सब जुवा लोगन के आत्ममुग्ध कs के नया दिशा देलस। जेमे वेस्टसाइड कम्पनी के कइयन जुवा अपना जिनगी मे जोग करे के दृढ़ संकल्पित भइल लो आ अइसन नेक सेवा कार्य के जनजन तक प्रसारित कs के हर घर में अपना सोशल मीडिया के माध्यम से एह ओम फिटनेस सेवा कार्य से जोड़े के काम अपना रोजगार के संगे करे के प्रण लिहल लो।

कार्यक्रम के दौरान जोग आयुर्वेद नारी सशक्तिकरण अभियान के खजनी तहसील प्रभारी धनन्जय यादव , पन्त प्रभारी मुकेश साहनी आ वेस्टसाइड कम्पनी के सब कर्मचारी धनंजय, सुरेंद्र , बृजेश, बृजभूषण, मुन्ना आर्य, दीपक, शुभांग, निशा, अर्चना, सतीश, बाल्मीकि, शिवम, अमन, बृजेश, शैलेश, दीपक, सीमा, दीपक राव, फिरोज, प्रियंका, शोभित, शिवजी, जया, सरिता, प्रभात आ नीतीश पंत पार्क गोरखपुर में आचार्य धर्मेंद्र प्रजापति जी के उपस्थिति में सभे के योग कs के संदेश देवे के काम कइलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]