पश्चिम बंगाल में दिल दहला देवे वाला हादसा, कार आ ट्रक के टक्कर में 9 लोगन के मउत

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 20, 2025

पश्चिम बंगाल में शुक के सबेरे दिल दहला देवे वाला हादसा भईल। राज्य के पुरुलिया जिला में एगो कार आ एगो ट्रक के आमने-सामने टकरा गइल. एह हादसा में 9 लोग के मउत के खबर

Share

पश्चिम बंगाल में शुक के सबेरे दिल दहला देवे वाला हादसा भईल। राज्य के पुरुलिया जिला में एगो कार आ एगो ट्रक के आमने-सामने टकरा गइल. एह हादसा में 9 लोग के मउत के खबर बा। एह हादसा के बारे में पुरुलिया, जोधावर के अपर एसपी अविनाश भीमराव जानकारी देले बतवले बाड़े कि इs दुर्घटना पुरुलिया जिला के बलरामपुर में राष्ट्रीय राजमार्ग पs भईल बा। अबे ले मिलल जानकारी के मुताबिक दुर्घटना के शिकार लोग बियाह के रस्म से लवटत रहले।

दुर्घटना कईसे भईल?

पुलिस के मुताबिक, पुरुलिया जिला के बलरामपुर थाना के सीमा में नामशोल गांव में राष्ट्रीय राजमार्ग-18 पs सबेरे करीब 6.30 बजे इs भयावह दुर्घटना भईल। पुलिस के मुताबिक हाईवे पs एसयूवी अवुरी ट्रक के बीच आमने-सामने के टक्कर भईल। एह हादसा में चार पहिया गाड़ी में सवार सभे नौ लोग के मउत हो गईल बा। पुलिस मामला के आगे के जाँच करे के बात कहले बिया।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: सूर्य नमस्कार होला पूरा शरीर खातिर फायदेमंद, पूरा शरीर के कसरत खातिर रोज करीं अभ्यास

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.