West Bengal : पश्चिम बंगाल में चर्च के उद्घाटन समारोह में भारी तोड़फोड़, बिशप समेत पादरी आ श्रद्धालु लोग पर हमला

By Gaurav Mani Tripathi

Published on: 23 घंटे पहले

पश्चिम बंगाल के दक्षिण 24 परगना जिला में चर्च के उद्घाटन समारोह के दौरान मारपीट आ तोड़फोड़ के गंभीर मामला सामने आइल बा। बसंती थाना क्षेत्र के नारायणतला में भइल एह घटना में बिशप सुब्रत

Share

पश्चिम बंगाल के दक्षिण 24 परगना जिला में चर्च के उद्घाटन समारोह के दौरान मारपीट आ तोड़फोड़ के गंभीर मामला सामने आइल बा। बसंती थाना क्षेत्र के नारायणतला में भइल एह घटना में बिशप सुब्रत चक्रवर्ती समेत कई पादरी आ श्रद्धालुअन पर हमला करे के आरोप लागल बा। घटना में कुछ लोग घायल हो गइल बाड़ें। आरोप बा कि 30 से 35 लोग के एगो समूह चर्च परिसर में घुसके जमके हंगामा कइलस आ धार्मिक प्रतीक क्रॉस के भी नुकसान पहुंचवलस। पुलिस शिकायत मिलला के बाद मामला के जांच शुरू कर देले बिया।

चर्च उद्घाटन समारोह के दौरान मचल हंगामा

मिलल जानकारी के मुताबिक, शनिचर के दक्षिण 24 परगना जिला के बसंती थाना अंतर्गत नारायणतला में एगो चर्च के उद्घाटन समारोह आयोजित कइल गइल रहे। एह कार्यक्रम में बिशप सुब्रत चक्रवर्ती के अलावा कई पादरी आ ईसाई समुदाय के श्रद्धालु शामिल भइल रहलें।

कार्यक्रम शांतिपूर्ण तरीका से चलत रहे। एही बीच करीब 30 से 35 लोग के एगो समूह चर्च परिसर में पहुंचल आ उहाँ मौजूद लोग के साथ मारपीट शुरू कर दिहलस। अचानक भइल एह हमला से समारोह में अफरातफरी मच गइल। लोग आपन जान बचावे खातिर इधर-उधर भागे लागल।

आरोप बा कि हमलावर लोग बिशप, पादरी आ श्रद्धालुअन के साथ धक्का-मुक्की आ मारपीट कइल। एह घटना में कई लोग के चोट लागे के खबर बा।

महिलन से भी मारपीट आ शांखा-पोला उतारे के आरोप

शिकायत में आरोप लगावल गइल बा कि हमला करे आइल लोग चर्च में मौजूद महिलन के साथ भी मारपीट कइल। कुछ महिलन पर पारंपरिक शांखा-पोला उतारे के दबाव बनावल गइल।

बंगाल में शांखा-पोला सफेद आ लाल रंग के पारंपरिक चूड़ी ह, जेकर इस्तेमाल खासतौर पर विवाहित बंगाली महिलाएं करेली। आरोप के मुताबिक, महिलन से ई चूड़ी उतारे खातिर कहल गइल आ बाद में उनका के चर्च परिसर से बाहर जाए पर मजबूर कइल गइल।

एह घटना के चलते महिला श्रद्धालुअन में डर आ नाराजगी देखे के मिलल।

चर्च के क्रॉस तोड़ल गइल, वीडियो बनावे वाला के मोबाइल फोड़ल

हमलावरन पर चर्च परिसर में लगल धार्मिक प्रतीक क्रॉस के क्षतिग्रस्त करे के भी आरोप बा। एह दौरान कुछ लोग घटना के वीडियो बनावे के कोशिश कइल, त हमलावर उनकर मोबाइल फोन भी तोड़ दिहलें।

चर्च से जुड़ल लोग के आरोप बा कि हमलावर लोग धार्मिक गतिविधि बंद करे के धमकी भी दिहल। उनका लोग के कहनाम बा कि परिसर में धार्मिक कार्यक्रम ना होखे दिहल जाई।

घटना के बाद इलाका में तनाव के माहौल बन गइल। हालांकि पुलिस के ओर से स्थिति के नियंत्रित करे आ पूरा मामला के जांच करे के प्रक्रिया शुरू कर दिहल गइल बा।

ईसाई संगठन जतवलस चिंता, प्रशासन से कार्रवाई के मांग

एह घटना के बंगीय क्रिस्टिय परिषद (BCP) कड़ा निंदा कइले बिया। संगठन के संस्थापक राज्य सचिव आ कार्यकारी अध्यक्ष हेरोड मुल्लिक घटना पर चिंता जतावत कहलें कि बिशप के मौजूदगी में चर्च के उद्घाटन समारोह के दौरान कई पादरियन के साथ मारपीट कइल गइल।

हेरोड मुल्लिक के आरोप बा कि कुछ संगठित समूह शांतिपूर्ण अल्पसंख्यक समुदाय के निशाना बना रहल बाड़ें। उनका कहनाम बा कि प्रशासनिक कार्रवाई के पर्याप्त डर ना होखे के चलते अइसन घटना सामने आ रहल बा।

ईसाई संगठन प्रशासन से मांग कइले बा कि घटना में शामिल लोग के पहचान करके उनके खिलाफ उचित कानूनी कार्रवाई कइल जाए आ धार्मिक कार्यक्रम में शामिल होखे वाला लोग के सुरक्षा सुनिश्चित कइल जाए।

मेदिनीपुर में भी ईसाई परिवारन के साथ मारपीट के आरोप

पश्चिम बंगाल में ई घटना अइसन समय सामने आइल बा, जब करीब दू सप्ताह पहिले मेदिनीपुर जिला में तीन ईसाई परिवार पुलिस के लगे शिकायत दर्ज करवले रहलें।

ओह परिवारन के आरोप रहे कि कुछ लोग उनकरा पर ईसाई धर्म छोड़े खातिर दबाव बना रहल रहे। परिवार के सदस्यन के साथ मारपीट करे आ उनकर इच्छा के खिलाफ कुछ धार्मिक अनुष्ठान में शामिल होखे खातिर मजबूर करे के शिकायत भी कइल गइल रहे।

बतावल गइल कि एह तीनों परिवार करीब 18 महीना पहिले ईसाई धर्म अपनवले रहलें। परिवारन के आरोप रहे कि उनकर धार्मिक आजादी में हस्तक्षेप कइल जा रहल बा।

पुलिस जांच के बाद सामने आई पूरा सच्चाई

दक्षिण 24 परगना के नारायणतला में चर्च उद्घाटन समारोह के दौरान भइल एह घटना से धार्मिक स्वतंत्रता आ अल्पसंख्यक समुदाय के सुरक्षा के सवाल एक बार फेर चर्चा में आ गइल बा।

फिलहाल पुलिस शिकायत के आधार पर जांच शुरू कर देले बिया। हमला में शामिल लोग के पहचान, घटना के वास्तविक कारण आ तोड़फोड़ के पीछे के मंशा के पता लगावल जा रहल बा।

अब देखे के बा कि जांच में का तथ्य सामने आवेला आ पुलिस एह मामला में आरोपित लोग के खिलाफ का कार्रवाई करेली। चर्च से जुड़ल लोग के मांग बा कि दोषियन पर कार्रवाई होखे आ भविष्य में अइसन घटना के रोकथाम खातिर सुरक्षा के पुख्ता इंतजाम कइल जाए।

💬 Comments
?

No comments yet. Be the first to comment!

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.