कोलकाता। पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी के भवानीपुर विधानसभा क्षेत्र में मतगणना केंद्र के बाहर अतवार के हंगामा हो गइल। तृणमूल कांग्रेस (टीएमसी) के कार्यकर्ता लोग आरोप लगावल कि भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) के झंडा लागल दूगो गाड़ी ओह परिसर में घुस गइल, जहवां इलेक्ट्रॉनिक वोटिंग मशीन (ईवीएम) राखल बा।
ई घटना ओह समय भइल, जब एक दिन पहिले ममता बनर्जी सखावत बालिका विद्यालय में बनल मतगणना केंद्र के बाहर करीब चार घंटा धरना देले रहली। ऊ स्ट्रांग रूम में गैरकानूनी ढंग से लोगन के घुसे के आरोप लगवले रहली।
स्ट्रांग रूम के सुरक्षा पs नजर
मतदान खतम होखला के बाद अब पश्चिम बंगाल में टीएमसी आ भाजपा के बीच तनातनी बढ़ गइल बा। दुनो पार्टी के नेता आ कार्यकर्ता राज्य भर में स्ट्रांग रूम के सुरक्षा पs नजर बनवले बाड़े, जहवां उम्मीदवारन के किस्मत ईवीएम में बंद बा। भारी जीत के भरोसा जतवला के बादो ममता बनर्जी कइयन बेर मतगणना में गड़बड़ी आ ईवीएम से छेड़छाड़ के आशंका जतवले बाड़ी।
टीएमसी कार्यकर्ता का कहलें?
अतवार के सबेरे टीएमसी कार्यकर्ता लोग आरोप लगवलस कि भाजपा के झंडा लागल दूगो गाड़ी परिसर में घुस के स्ट्रांग रूम के नजदीक तक पहुंच गइल। एगो कार्यकर्ता कहलस कि बिना पहचान पत्र के केहू के अंदर जाये के इजाजत नइखे, तs एह गाड़ियन के एंट्री कइसे मिल गइल? टीएमसी के दावा बा कि पुलिस गाड़ी हटावे के भरोसा देलस, बाकिर कुछ समय ले ऊ उहवें खड़ा रहल।
निर्वाचन आयोग का कहत बा?
चुनाव आयोग के एगो वरिष्ठ अधिकारी कहलें कि गाड़ी नजदीकी सड़क से गुजरत रहे आ जांच के बाद ओकरा के जाये दिहल गइल, काहे कि ओमे कुछो आपत्तिजनक ना मिलल।
पहिलहू भइल रहे हंगामा
एकरा से पहिले बियफे के रात कोलकाता के दूगो मतगणना केंद्रन पs जोरदार हंगामा भइल रहे। टीएमसी नेता लोग स्ट्रांग रूम में पारदर्शिता के कमी आ गड़बड़ी के आशंका जतवले रहले। हावड़ा आ दोसरा इलाकन में विरोध प्रदर्शन भइल आ सीसीटीवी बंद होखे के आरोप लगावल गइल।
भाजपा के जवाब?
भाजपा के प्रवक्ता सजल घोष कहलें कि टीएमसी के आरोप बेबुनियाद बा आ जनता एकरा के मजाक समझतिया। ऊ सवाल उठवलें कि का टीएमसी हार के डर से अइसन आरोप लगा रहल बिया?
Read Also : Chennai Airport Incident : चेन्नई एयरपोर्ट पs अजीब घटना, चलत जहाज से कूद गइल यात्री, एक घंटा बंद रहल रनवे








