Chennai Airport Incident : चेन्नई एयरपोर्ट पs अजीब घटना, चलत जहाज से कूद गइल यात्री, एक घंटा बंद रहल रनवे

By Anurag Ranjan

Published on: May 3, 2026

नई दिल्ली : शारजाह से चेन्नई आवत एयर अरबिया के फ्लाइट में अतवार के एगो अजीब आ चउकावे वाला घटना सामने आइल। चेन्नई इंटरनेशनल एयरपोर्ट पs लैंडिंग के बाद एगो पुरुष यात्री अचानक इमरजेंसी एग्जिट

Share

नई दिल्ली : शारजाह से चेन्नई आवत एयर अरबिया के फ्लाइट में अतवार के एगो अजीब आ चउकावे वाला घटना सामने आइल। चेन्नई इंटरनेशनल एयरपोर्ट पs लैंडिंग के बाद एगो पुरुष यात्री अचानक इमरजेंसी एग्जिट खोल के चलते जहाज से कूद गइल।

एयरपोर्ट अधिकारियन के मोताबिक, जहाज मेन रनवे छोड़के टैक्सी वे पs धीरे-धीरे बढ़त रहल, ओही दौरान यात्री ई खतरनाक डेग उठा लेलस। एह घटना से जहाज में मवजूद बाकी यात्री घबरा गइलें सs आ तुरंत सुरक्षा टीम के सूचना दिहल गइल।

तबीयत खराब होखे के आशंका

सुरुआती जांच में पता चलल कि यात्रा के दौरान ओह यात्री के तबीयत ठीक ना रहे। बतावल जा रहल बा कि ओकरा उल्टी जइसन महसूस होत रहे आ ऊ दू बेर उल्टी कइले रहे। मानल जा रहल बा कि एह हालत में घबरा के ऊ जहाज से कूद पड़ल।

सीआईएसफ के त्वरित कार्रवाई

घटना होखतही पायलट ग्राउंड सिक्योरिटी के अलर्ट कs देलें। केंद्रीय औद्योगिक सुरक्षा बल (CISF) के जवान तुरंत पहुंच के यात्री के पकड़ लेलें आ पूछताछ खातिर पुलिस के हवाले कs दिहल गइल।

एक घंटा बंद रहल रनवे

एह घटना के चलते एयरपोर्ट के कामकाज पs असर पड़ल। सुरक्षा के धेयान में रखत मुख्य रनवे के करीब एक घंटा खातिर बंद कs दिहल गइल। बिहान 03:23 बजे से 04:23 बजे तक उड़ान के संचालन दूसरका रनवे से कइल गइल।

अधिकारियन के कहनाम बा कि एह घटना में नाs तs कवनो यात्री के नुकसान भइल आ ना जहाज के कवनो क्षति पहुंचल, बाकिर ई घटना सुरक्षा बेवस्था पs जरूर सवाल खड़ा कs रहल बा।

Read Also: Godda Accident : गोड्डा में भीषण सड़क हादसा, बेकाबू हाइवा से बुलेट सवार दू दोस्तन के मौत

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.