दिल्ली-एनसीआर में फेरु वापस लवटी जाड़ा! बरखा के लेके IMD जारी कइलस अलर्ट

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 18, 2024

पिछला एक हफ्ता से दिल्ली-एनसीआर के मौसम गरम महसूस होखे लागल बा। तापमान लगातार बढ़ रहल बा। सबेरे-सांझ के हल्का ठंडा होता आ दिन में घाम तेज चमकत रहता। फरवरी के सुरुआत में ठंडा लहर

Share

पिछला एक हफ्ता से दिल्ली-एनसीआर के मौसम गरम महसूस होखे लागल बा। तापमान लगातार बढ़ रहल बा। सबेरे-सांझ के हल्का ठंडा होता आ दिन में घाम तेज चमकत रहता। फरवरी के सुरुआत में ठंडा लहर के असर देखाई देत रहे लेकिन अब उहो नईखे। एही बीच भारतीय मौसम केंद्र (आईएमडी) बरखा के चेतावनी जारी कईले बा।

दिल्ली में जाड़ा बढ़ी

बरखा के अलर्ट जारी करत आईएमडी कहलस कि पश्चिमी गड़बड़ी के असर के चलते दिल्ली में सोमार, मंगल आ बुध के दिने हल्का बरखा होखे के अनेसा बा। एकरा चलते अधिकतम तापमान में तीन से चार डिग्री के कमी हो सकता। तापमान में कमी के चलते एक बेर फेर से ठंडा बढ़ जाई। एकरा संगे पहाड़ी इलाका में भी बर्फबारी के संभावना बा।

बुध ले बरखा के संभावना बा

आईएमडी के कहनाम बा कि अतवार के सबेरे हल्का कोहरा बा लेकिन दिन भर आसमान हल्का बादल से ढंकल रह सकेला। एकरा संगे सोमार के बरखा के संगे हवा के संभावना बा। मंगल के दिने हल्का बरखा हो सकेला जबकि बुध के दिने हल्का बरखा होखे के संभावना बा।

मौसम विभाग के कहना बा कि पश्चिमी गड़बड़ी के असर 22 फरवरी ले चली। एकरा संगे अगिला दु सप्ताह के दौरान दिल्ली-एनसीआर में बरखा अवुरी गरज के संभावना बा। एकरा अलावा पहाड़ में भी भारी बर्फबारी आ बरखा के संभावना बा।इs सिस्टम धीरे-धीरे पंजाब, हरियाणा अवुरी उत्तर-पश्चिम राजस्थान के ओर बढ़ी।

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.