Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

मौसम : कई बीमारियन के दावत दे रहल बा दिन-रात के तापमान में बड़ अंतर

8,201
बीते चार बरिस में नवंबर माह में दिन अउर रात के तापमान में लगातार बढ़ोतरी हो रहल बा। एकरे पीछे बड़ कारण जलवायु परिवर्तन बतावल जा रहल बा। सामान्यत: दिन अउर रात के तापमान के बीच के अंतर 10 से 12 डिग्री सेल्सियस मानल गइल बा लेकिन अब ई अंतर बढ़ के 17 से 19 डिग्री सेल्सियस तक पहुंच गइल बा। एह परिवर्तन के असर सीधा तौर पर आम लोग के साथ ही पशु-पक्षियन पर भी पड़े लागल बा। वायरस जनित बीमारी लगातार पांव पसार रहल बा। मौसम विज्ञानियन के मुताबिक एकरे पीछे जलवायु में परिवर्तन सबसे बड कारण बा।
मौसम विज्ञानी प्रो.एचएन मिश्रा के मुताबिक जलवायु परिवर्तन के कारण ही दिन मेें गर्मी अउर रात में ठंडक होखले से वायुमंडल के संतुलन बिगड़ रहल बा। एकरे वजह से बड़ मात्रा में पक्षी अउर कीट-पतंगा मर रहल बानें। मौसम में हो रहल एह प्रकार के बदलाव के असर फसल चक्र पर भी पड़ रहल बा।
डॉक्टर लोग के मानल बा कि एह प्रकार के मौसम में वायरस के संक्रमण तेजी से फइलsला। वायरल बुखार के बढ़त मामला के पीछे ई भी एगो बड़ कारण बा। दूसरा कारण एह बेर बरसात के देरी से शुरू होखल भी बा। एकरे कारण भी मौसम में बदलाव दिख रहल बा

बीतल पांच बरिस में नवंबर महीना में अधिकतम अउर न्यूनतम तापमान में अंतर

2018                       21.0
2019                       18.8
2020                        15.6
2021                        15.4
2022                         17.4
(सामान्य तौर पर अंतर 10 से 12 डिग्री सेल्सियस होखे के चाहीं।)

पूरे भूमंडल पर तापांतर में जौन बढ़ोतरी भइल बा,ओकरे पीछे जलवायु परिवर्तन मूल कारण ह। हालांकि आवे वाले दिन में ई अंतर कम होई। – प्रो.एचएन मिश्रा, मौसम विज्ञानी

368990cookie-checkमौसम : कई बीमारियन के दावत दे रहल बा दिन-रात के तापमान में बड़ अंतर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.